[the_ad_group id="30365"]

साकार भइल सपना: काशी मनाई अपने आराध्य के धाम के लोकार्पण उत्सव, बिहान होई भव्य आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘सात वार नौ त्योहार’ के नगरी काशी के लक्खा मेला में अब बाबा विश्वनाथ धाम के लोकार्पण उत्सवो जुड़ गइल बा। काशी अब हर साल 13 दिसंबर के अपने आराध्य के धाम के लोकार्पण उत्सव मनाई। काशी विश्वनाथ धाम से ले के शहर के गली अउर घाट ले उत्सव के उल्लास के कई रंग बिखेरिहें। धाम में जहवाँ वेदमंत्र गूंजी, उहवें शहर में हर-हर महादेव के जयघोष गूजी।
श्री काशी विश्वनाथ धाम के पहिले लोकार्पण उत्सव पर तैयारी के अंतिम रूप दिहल जा रहल बा। धाम के गंगा द्वार से ले के प्रवेश द्वार ले रंगीन झालर से सजावल जा रहल बा। सोमार के पूरे धाम परिसर के फूल से सजावल जाई अउर बाबा विश्वनाथ के भव्य श्रृंगारो होई।

बाबा के धाम में उमड़ी श्रद्धालुअन के रेला

आयोजन के भव्यता बतावे खातिर काफी बा कि 13 दिसंबर के बाबा के धाम में श्रद्धालुअन के रेला उमड़ी। धाम के लोकार्पण के पहिला वर्षगांठ पर काशीवासी बाबा विश्वनाथ के दर्शन कsके आशीर्वादो लीहें। मंदिर परिसर में श्रद्धालुअन के भीड़ के देखत बैरिकेडिंग के दुरुस्त करावल जा रहल बा।

अनुराधा पौडवाल के सुर से सजी शाम

13 दिसंबर के बिहाने से ही धाम में वेदमंत्र के पारायण होई त राजराजेश्वर के रुद्राभिषेक भी अनवरत चली। साँझ के अनुराधा पौडवाल के सुर से धाम के साँझ सजी। एकरे सथही स्थानीय कलाकारो लोग आपन हाजिरी लगइहें।
उहवें शिव बारात समिति के ओर से बाबा के धाम के लोकार्पण के पहिला वर्षगांठ पs शिवोत्सव शोभायात्रा निकालल जाई। बनारस के सड़क पर काशीवासी अपने आराध्य के धाम के लोकार्पण उत्सव के पहिला वर्षगांठ के जश्न मनइहें। पूरा लघु भारत काशी के सड़क पर उतर आई।

मैदागिन से निकली शोभायात्रा

काशी विश्वनाथ धाम
धाम में बाबा के श्रद्धालुअन के स्वागत होई अउर मैदागिन से निकले वाली शोभायात्रा चितरंजन पार्क पर आराम करी। अतवार के देर रात ले लाग विमान अउर झांकियन के पहुंचले के सिलसिला शुरू हो गइल बा। उहवें समिति के ओर से आयोजन खातिर देर रात ले सर्व समाज, संस्था के सथही काशी के प्रबुद्ध लोग से संपर्क अभियान चल रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]