Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आ रहल बा Mirzapur Season 3 अउर Asur 2 जइसन दर्जन भर सीरीज

1,854

एह बात से इंकार नाइ कइल जा सकsता कि महामारी के बाद से दर्शकन के सिनेमा के प्रति नजरिया बदल गइल बा। मसाला फिल्मन के बजाय सिनेमा प्रेमियन के बीच कौन वेबसीरीज लोकप्रिय रहल बिया, वेब सीरीज के कंटेंट का रहल? अब रउआ एह बारे में अउर बात करत देख सकतनी। वेब सीरीज होखे चाहे ओटीटी फिल्में, ई दर्शकन के मनोरंजन के डोज बा। ओटीटी प्लेटफॉर्म पर फिल्म निर्माता भी हिट सीरीज के दूसरा अउर तीसरे सीजन रिलीज कइलें के पूरा कोशिश क रहल बानें।

वेब सीरीज के पूरा सीजन वन टाइम वॉच में खत्म

लीक से हटके अउरी सेंसरशिप से दूर इन वेबसीरीज के क्रेज अइसन बा कि दर्शक पूरा सीजन एक बेर में ही देख लेने अउरी फिर अगला एपिसोड देखे दौड़ पड़ेने।

सुपरहिट वेब सीरीज अउर मिर्जापुर 3, असुर, द फैमिली मैन जैसन फिल्मन के अब ओटीटी दर्शक लोग बेसब्री से अगोरत बानें। एह साल कई नया सीरीज़, फ़िल्म, सीक्वल अउरी थ्रिलर, सस्पेंस, रोमांस, मिस्ट्री अउर कॉमेडी के नया सीज़न अमेज़न प्राइम वीडियो, नेटफ्लिक्स, डिज़नी प्लस, हॉटस्टार और ज़ी5 जइसन ओटीटी प्लेटफॉर्म पर आ रहल बा।

मिर्जापुर सीजन 3

रिलीज डेट: घोषित नाइ बा
कहां देख सकेलीं: अमेजॉन प्राइम वीडियो

क्राइम थ्रिलर मिर्जापुर के फैन्स खातिर गुड न्यूज बा कि जल्दिए एह हिट सीरीज के सीजन 3 के रिलीज होखले के उम्मीद बा। फिलहाल एकर रिलीज डेट के घोषणा नाइ कइल गईल बा। एक बेर फेर गुड्डू भैया अउर कालीन भैया के देखे के मौका मिली।

असुर सीजन 2

कहां देख सकेलीं – वूट सेलेक्ट
रिलीज डेट घोषित नइखे कइल गइल

हिट सीरीज़ असुर के दूसरा सीज़न में, अरशद वारसी, बरुन सोबती, रिद्धि डोगरा, अनुप्रिया गोयनका अउर अमेय वाध जइसन सितारन के अभिनय के उम्मीद बा।
ऐसन बुझाता कि ई साइकोथ्रिलर जल्दिए पर्दा पर दस्तक देईं।

फैमिली मैन 3 

रिलीज डेट: नवंबर, 2022
कहां देख सकेलीं: अमेजॉन प्राइम वीडियो

मनोज बाजपेयी के हिट वेब सीरीज द फैमिली मैन के तीसरा एपिसोड के नगदे अगोरल जा रहल बा। एह सीरीज में मनोज बाजपेयी के श्रीकांत तिवारी के किरदार दर्शक लोग के खूब पसंद आइल रहे।
द फैमिली मैन 3 भी जल्दिए रिलीज होई, लेकिन अभीन रिलीज डेट के ऐलान नाइ कइल गइल बा।

फैबुलस लाइव्स ऑफ बॉलीवुड वाइव्स सीजन 2

रिलीज डेट – 2 सितंबर 2022
कहां देख सकेलीं- नेटफ्लिक्स

बॉलीवुड वाइव्स के फैबुलस लाइव्स के सीजन 2 का पहिला प्रोमो जारी कइल गइल बा, जेमें बॉलीवुड सितारन के पत्नी लोग के निजी जीवन के पड़ताल कइल गइल बा। ओटीटी पर एह सीरीज के ई दूसरा सीजन ह। एह सीरीज में भावना पांडे, गौरी खान अउर करण जौहर के बीच कुछ अनबन होला।

‘जामताड़ा’ सीजन 2

रिलीज डेट- 23 सितंबर 2022
कहां देख सकेलीं- नेटफ्लिक्स

‘जामताड़ा सबका नंबर आयेगा’ छोट शहरन के युवा दोस्तन के कहानी ह जौन फ़िशिंग रैकेट में शामिल बा। जामताड़ा, झारखंड के स्कैमर्स पर आधारित रहल, जौन देश भर के लोग के बैंक खाता के कई फंड के गबन करत रहलें सs।

कैट

रिलीज डेट- 12 अक्टूबर, 2022
कहां देख सकेलीं- नेटफ्लिक्स

कैट के कहानी पंजाब में घटsला। कहानी एगो अइसन आदमी के ह जो ड्रग डीलर, गैंगस्टर, पुलिस अउर राजनीति के बीच पकड़ल जाsला।

317300cookie-checkआ रहल बा Mirzapur Season 3 अउर Asur 2 जइसन दर्जन भर सीरीज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.