[the_ad_group id="30365"]

Stampede In Yemen: यमन में आर्थिक सहायता वितरण कार्यक्रम में मचल भगदड़, 78 लोगन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यमन के राजधानी में बुध के देर रात वित्तीय सहायता वितरित करे खातिर आयोजित एगो कार्यक्रम में लोग भगदड़ मचा देलस आ कम से कम 78 लोग मारल गइल आ दर्जनन आउर घायल हो गइल लो। विद्रोही संगठन हाउती के एगो अधिकारी घटना की जानकारी देलें। हाउती द्वारा संचालित आंतरिक मंत्रालय के मोताबिक, घटना के समय सईयन से बेसी गरीब लोग कार्यक्रम में जमा भइल रहे।

आंतरिक मंत्रालय के प्रवक्ता ब्रिगेडियर अब्देल-खलीक अल-अघरी कहलें कि स्थानीय अधिकारियन के संगे समन्वय के बिना गलत तरीका से वित्तीय सहायता वितरित करे के कारण ई घटना भइल। ई त्रासदी ईद-उल-फितर से ठीक पहिले भइल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक सहायता वितरण कार्यक्रम एगो स्कूल में आयोजति कइल गइल रहे, घटना के बाद विद्रोही लोग स्कूल के सील कs देलस। संगही पत्रकारन सहित लोगन के इहां आवे से रोक दिहल गइल बा।

चश्मदीद लोग कहलस कि भीड़ के नियंत्रित करे खातिर हथियारबंद हाउती विद्रोहियन द्वारा हवा में गोली चलावल गइल आ बिजली के तार से टकराके ओमे विस्फोट हो गइल। एहसे कार्यक्रम में मवजूद लोगन में दहशत फइल गइल आ लोग  भागल सुरू कs देलस। आंतरिक मंत्रालय कहलस कि ऊ दु गो आयोजकन के हिरासत में लिहल गइल बा आ ममिला के जांच चल रहल बा।

ईरानी समर्थित हाउती विद्रोहियन द्वारा यमन के राजधानी सना पs नियंत्रण कs लिहल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]