[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में डबल मर्डर से हड़कंप, दु गो युवकन के धारदार हथियार से काटल गइल गला, छानबीन में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काल्हु रात उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में भइल दोहरा हत्या के चलते सनसनी मच गइल.  इs घटना लखनऊ के ग्रामीण इलाका काकोरी में भईल।  पुलिस के कहनाम बा कि काकोरी में दु युवक के गला काट के हत्या कs दिहल गईल। मरेवाला में से एक आदमी के पहचान पंखेड़ा गांव के निवासी मनोज के रूप में भईल बा, जवन कि आईटीआई के छात्र रहे।

दुनु जने के गला तेज हथियार से कटले रहे

एकरा संगे पुलिस के कहनाम बा कि, दूसरा मरेवाला के पहचान रोहित लोधी के रूप में भईल बा।  पहिले उs रेलवे में काम करत रहले।  पुलिस के कहनाम बा कि मनोज अवुरी रोहित दुनो के बेरहमी से हत्या कs दिहल गईल।  दुनु जने के गला तेज हथियार से फाटल रहे।

सीसीटीवी फुटेज के जांच करत पुलिस

पुलिस दुनो मरेवाला के शव के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया।  पुलिस मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।  पुलिस अब इलाका के सीसीटीवी फुटेज स्कैन करत बिया.

स्थानीय लोग के बीच डर के माहौल

काकोरी इलाका में भईल दोहरी हत्या के घटना के बाद स्थानीय लोग में भय के माहौल बा।  स्थानीय लोग एs मामला में आरोपी के तुरंत गिरफ्तारी के आह्वान कईले बाड़े।  घटना के जानकारी मिलते पुलिस टीम मौका प पहुंच गईल।  पुलिस मामला के छानबीन भी शुरू कs देले बिया।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]