[the_ad_group id="30365"]

Chamoli: चतुर्थ केदार रुद्रनाथ मंदिर के कपाट 18 मई के खुली, प्रक्रिया सुरू; उत्सव डोली निकालल गइल बाहर

चतुर्थ केदार रुद्रनाथ मंदिर - फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्र्ल डेस्क: चतुर्थ केदार रुद्रनाथ मंदिर के कपाट खुले के तइयारी सुरू हो गइल बा। बुध के शीतकालीन गद्दी स्थल गोपीनाथ मंदिर में विधिवत्त पूजा अर्चना के बाद चतुर्थ केदार रुद्रनाथ के उत्सव डोली बाहर निकालल गइल। एह दौरान मंदिर में पहुंचल भक्तगण भगवान रुद्रनाथ के डोली के दर्शन कइल लो।

दु दिनन तक रुद्रनाथ के डोली गोपीनाथ मंदिर परिसर में श्रद्धालुअन के दर्शनाथ रखल जाई। 16 मई के रुद्रनाथ के डोली अपना मंदिर खातिर प्रस्थान करी आ 17 के डोली रुद्रनाथ मंदिर में पहुंची। 18 मई प्रातः 6:00 बजे रुद्रनाथ मंदिर के कपाट विधि विधान से श्रद्धालुअन के दर्शनार्थ खोल दिहल जाई।

Read Also: Rohit Sharma: टेस्ट से संन्यास के बाद फडणवीस से मिललें रोहित शर्मा, महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री देलें सुभकामना

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]