[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान में डॉक्टर कुत्ता के कार से बांध के घिसिवलें, मेनका गांधी के फोन कइले के बाद दर्ज भइल केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के जोधपुर जिला के एगो डॉक्टर क्रूरता के हद पार कर देहलें। डॉक्टर घर में घुसल एगो आवारा कुत्ता के अपनी कार से बांध के करीब 5 किमी ले घिसिरवलें। चलत कार से रस्सी से बंधा कुत्ता एसे कुत्ता घाही हो गइल। सड़क पर गुजरत लोग ई नजारा देखल त हैरान रह गइल। लोग डॉक्टर के कार के आगे आपन बाइक ठाढ़ कइल तब जाके उ कार रोकलें अउर कुकुर के छोड़ावल गइल। घायल कुकुर के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा। हैरानी के बात ई बा कि मेनका गांधी के फोन के बाद पुलिस आरोपी डॉक्टर के खिलाफ केस दर्ज कइलस।

जानकारी के अनुसार मामला शहर के शास्त्री नगर कॉलोनी के महात्मा गांधी अस्पताल में प्लास्टिक सर्जन डॉ. रजनीश गालवा एही कॉलोनी में रहेने। कॉलोनी में घूमे वाला कुत्ता उनके घर में घुस जात रहे। अतवार के भी कुत्ता उनके घर में घुस गइल। जेसे खिसियाइल डॉक्टर गालवा कुत्ता के गटई में रसरी बान्ह के आपन कार में बांध लेहलें। एकरे बाद उ लेकर सड़क पर निकल गइलें। तेज रफ्तार में चल रहल कार के संगे कुत्ता पहिले त भागता रहल फिर घिसराए लागल। एसे ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें।

शास्त्री सर्किल पर कुत्ता के कार से घसीटत देख के कुछ लोग डॉग होम फाउंडेशन के कुलदीप खत्री के सूचना दीहल। साथही डॉक्टर के कार के आगे बाइक लगा के रोकवावल। कुछ देर में ही संस्था के लोग भी एंबुलेंस ले के पहुंच गइल। एह पर डॉक्टर हंगामा शुरू कर दिहलें अउरी पुलिस भी बुला लीहलस। आरोप बा कि पुलिस भी डॉक्टर के साथ दिहलस अउर एंबुलेंस के रोक लिहलस। जेकके बाद मेनका गांधी शास्त्रीनगर थाना के एसएचओ जोगेंद्र सिंह के कॉल कइलीं, तब एंबुलेंस के जाए दिहल गइल। संस्था के ओर से आरोपी डॉक्टर के खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा। उहवें घायल कुत्ता के इलाज कइल जा रहल बान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]