Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुशीनगर में तैनात डाक्टर गोरखपुर से लापता, अंतिम बेर पत्नी से फोन पर भइल रहे बात

350

कुशीनगर जिला के सुकरौली देवतहा सीएचसी (सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र) पs तैनात डाक्टर स्वप्निल श्रीवास्तव नंदानगर के लग्गे से लापता हो गइलें। आखिरी बेर उनकर बात फोन पर पत्नी से भइल रहे। मोबाइल बंद रहले के वजह से स्वजन अनहोनी के आशंका जतावत कैंट थाना पुलिस के सूचना दिहनें। गुमशुदगी दर्ज कs के सर्विलांस के मदद से कैंट थाना पुलिस डाक्टर के तलाश कs रहल बा।

ई ह मामला

दाउदपुर के रहे वाले डा. स्वप्निल श्रीवास्तव सोमार के साँझ चार बजे से सीएचसी से अपने कार से घर अइले खातिर चलनें। स्वजन के अनुसार नंदानगर पहुंचले के बाद अपने चालक के ऊ ई कहि के कार से उतार दिहलें कि तू घरे चलs, हमके अभिन केहू से मीले के बा। कुछ देर बाद ही उनकर मोबाइल स्विच आफ हो गइल। देर रात ले जब ऊ घर नाइ पहुंचलें अउर उनके मोबाइल पर भी संपर्क नाइ भइल त पिता पीयूष श्रीवास्तव स्वजन संग सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र देवतहा फिर सुकरौली स्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पहुंचनें।

स्वास्थ्यकर्मियन से बात कs के उनके बारे में जानकारी मंगलें। लेकिन कौनो सुराग नाइ मिलल। देर रात कैंट थाना पहुंचल पिता डाक्टर के लापता भइले जानकारी दिहलें। मंगर के भी स्वजन उनकर तलाश में सुकरौली देवतहां अस्पताल पहुंचनें। प्रभारी निरीक्षक थाना कैंट शशिभूषण राय बतवलें कि अंतिम बेर डाक्टर के बात पत्नी निधि श्रीवास्तव से भइल रहे। ऊ गुमशुदगी दर्ज करवले बा लोग। सर्विलांस अउर सीसी कैमरा फुटेज के मदद से तलाश कइल जा रहल बा। जल्दिए उनके ढूंढ लिहल जाई।

389130cookie-checkकुशीनगर में तैनात डाक्टर गोरखपुर से लापता, अंतिम बेर पत्नी से फोन पर भइल रहे बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.