[the_ad_group id="30365"]

Biyfe Ke Upay: बियफे के दिन करीं ई खास उपाय, धन के जिनगी में कबो ना होई कमी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बियफे के दिन जगत के पालनहार भगवान विष्णु के अति प्रिय हs। एह दिन भगवान विष्णु आ मां लक्ष्मी के विशेष पूजा कइल जाला। संगही देवगुरु बृहस्पति के आराधना कइल जाला। धार्मिक मान्यता बा कि बियफे के दिन विष्णु जी के पूजा करे से घर में सुख, शांति आ समृद्धि बनल रहेला। ओहिजा, करियर आ कारोबार में ऊंच मुकाम हासिल होला। एहिसे साधक बियफे के दिन आराध्य विष्णु जी के पूजा करेला लो। एच दिन विशेष उपायो कइल जाला। एह उपायन के करे से आय आ सौभाग्य में बढ़न्ती होला। आईं, उपाय जानल जाव –

बियफे के उपाय

  • जदि रउआ भगवान विष्णु के आशीर्वाद पावल चाहत बानी, तs बियफे के दिन नहा धोआ के आचमन करीं। एकरा बाद, पियर वस्त्र धारण कs के भगवान भास्कर के सबसे पहिले जल के अर्घ्य दीं। ओकरा बाद विधि-विधान से लक्ष्मी नारायण के पूजा करीं। एह दौरान भगवान विष्णु के अष्टदल कमल अर्पित करीं। एह उपाय के करे से भगवान विष्णु के कृपा साधक पs बरसेला।
  • जदि राउर आर्थिक इस्थिति अनुकूल नइखे, तs बियफे के दिन पूजा के समय भगवान विष्णु के नारियल अर्पित करीं। एह समय सुख, समृद्धि आ धन प्राप्ति के कामना करीं। एकरा पश्चात, नारियल के लाल भा पियर रंग के कपड़ा में लपेटकर तिजोरी में रख दीं। एह उपाय के करे से आय में बढ़न्ती होखे लागेला।
  • बियफे के दिन नहइला-धोअइला के बाद विधि विधान से भगवान विष्णु के पूजा करीं। एह समय केसर मिश्रित दूध से भगवान विष्णु के अभिषेक करीं। एह उपाय के करे से भगवान विष्णु प्रसन्न होनी। उनका कृपा से धन संबंधी परेसानी दूर हो जाला।
  • जदि रउआ अपना करियर भा कारोबार के नया आयाम देवल चाहत बानी, तs बियफे के दिन निकटतम लक्ष्मी नारायण मंदिर जाके भगवान विष्णु के पूजा करीं। एह समय 7 हल्दी के गांठ धन के देवी मां लक्ष्मी आ भगवान विष्णु के अर्पित करीं। एह उपाय के करे से मनोवांछित फल के प्राप्ति होला।
  • इस लेख में निहित कवनो जानकारी/सामग्री/गणना के सटीकता भा विश्वसनीयता के गारंटी नइखे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]