सावधान! राती के समय भूला के नाहीं खाए चाहि फल, जानीं सेहत के फायदा पहुंचावे वाला Fruits कब हो जाला हानिकारक?

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

  फल हमनी के सेहत खातिर फायदेमंद बा ई तs हमनी के जानेनी जा। फल विटामिन्स, मिनरल्स आ एंटीऑक्सीडेंट्स आ पोषक तत्व से भरपूर होला जवन सरीर के कई तरह के बेमारी से बचावेला। हेल्थ

Share

सेहत: फोटो

 

फल हमनी के सेहत खातिर फायदेमंद बा ई तs हमनी के जानेनी जा। फल विटामिन्स, मिनरल्स आ एंटीऑक्सीडेंट्स आ पोषक तत्व से भरपूर होला जवन सरीर के कई तरह के बेमारी से बचावेला। हेल्थ एक्सपर्ट के अनुसार, रोजाना फल ख‌इले से शरीर के भरपूर मात्रा में विटामिन आ मिनरल्स मिलेला। बाकिर का रउरा जानेनी कि फल ख‌इले एगो सही समय होला। अगर रउरा फल के सेवन राती के समय करेनी तs एसे रउरा के फायदा के जगह नुकसान होला। चली जानल जाव राती के समय फल ख‌इले से का परेशानी हो सकेला, कवन फल के भूला के राती के समय नाहीं खाए के चाहिं आ फल ख‌इले के सही समय का हs?

राती में फल ख‌इले से हो सकेला ई परेशानी

बढ़ जाला ब्लड शुगर: ज़्यादातर फल में शुगर के मात्रा बहुत ढेर होला। अइसे में राती के खाना के समय एकर सेवन क‌इला से रक्त शर्करा के स्तर तेजी से बढेला। आजकल के बिगड़त जीवनशैली में अधिकांश लोगन के हाई ब्लड शुगर के समस्या होला। अइसन में फल के ख‌इले से शुगर लेवल तेजी से बढ़ सकेला। बिस्तर पs ज‌इले से ठीक पहिले राती के खाना के समय कुछ फल ख‌इले से बचे के चाहिं।

ऊर्जा के स्तर में वृद्धि: बिस्तर पs ज‌इले से ठीक पहले राती के खाना के समय फल ख‌इले से ऊर्जा के स्तर बढ़ सकेला । ऊर्जा बढला से नींद नाहीं अवला कके समस्या के सामना करे के पड़ सकेला।

पेशाब के समस्या: फल पानी से भरपूर होला, एs खातिर अगर राती समय खाइल जाए तs ई नींद में खलल डाल सकेला । आपके कई बेर वॉशरूम भागे के पड़ सकेला ।

कवन-कवन फल के भूला के राती में नाहीं खाए के चाहिं?

केला: पोषक तत्व से भरपूर केला शरीर के तुरंत एनर्जी देला । बाकिर अगर रउरो ई फल राती में खाएब तs एसे सर्दी ज़ुकाम के समस्या हो सकेला। साथे ही राती में केला खइला से पाचन के दिक्क्त हो सकेला ।

संतरा: विटामिन-सी से भरपूर संतरा एगो एसिडिट फ्रूट हs जइसे सुबेरे खाली पेट राती में सूतले से पहिले बिल्कुल नाहीं खाए के चाहिं। एके राती में ख‌इले से सर्दी खांसी के समस्या हो सकेला

नाशपाती– नाशपाती में चीनी के मात्रा बहुत अधिक होला जवन राती में रक्त शर्करा के स्तर के बढ़ा सकेला एs खातिर, एके ख‌इले से बचल बेहतर बा.

का हs फल खइले के सही समय? :

फल ख‌इले कs सही समय नाश्ता के बाद होला। सुबह के नाश्ता क‌इले के बाद आप 11-1 के बीच में कवनो फल खाईं। एसे आपके सेहत के फायदा होई। ओहीं आयुर्वेद के अनुसार सुबह खाली पेट पपीता, सेब आ केला जइसन फल ख‌इले से पेट साफ़ होला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.