मंडल कारा में DM-SP कइल लो छापेमारी : 2 घंटा तक भइल सब वार्डन के जांच, भारी संख्या में पुलिस कर्मी रहल लो मवजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2024

सीवान के मंडल कारा में सोमार के भिनसहरे डीएम आ एसपी के संयुक्त नेतृत्व में छापेमारी कइल गइल। सबेरे के चार बजे से लेकर छव बजे तक लगभग दु घंटा तक जेल के भीतर गहन

Share

सीवान के मंडल कारा में सोमार के भिनसहरे डीएम आ एसपी के संयुक्त नेतृत्व में छापेमारी कइल गइल। सबेरे के चार बजे से लेकर छव बजे तक लगभग दु घंटा तक जेल के भीतर गहन जांच कइल गइल। एह दौरान अलग-अलग वार्डन में छापेमारी खातिर अलग-अलग टीम लगावल गइल बा।

महिला वार्ड में जांच आ छापेमारी खातिर महिला पुलिस पदाधिकारी आ पुरुष वार्ड खातिर पुरुष पुलिस पदाधिकारी के लगावल गइल रहे। सोमार के अगिला सबेरे करीब 4:00 बजे अचानक जेल के अंदर डीएम आ एसपी भारी पुलिस बल के संगे पहुंचलें।

अधिकारियन के बीच मचल हड़कंप

जेल के अंदर पहुंचतही हड़कंप मच गइल। एह दौरान अलग-अलग वार्डन के जांच, पूरा जेल परिसर आ शौचालय आदि के जांच कइल गइल। हालांकि, एह छापेमारी में कवनो आपत्तिजनक सामान के बरामदगी नइखे भइल। जिला अधिकारी जेल प्रशासन के कइयन गो आवश्यक दिशा निरदेस दिहल गइल।

मालूम होखे कि सिवान के मंडल कारा में दर्जन भर कुख्यात अपराधी आ राजनीतिक बंदी रहेला लो। अइसन इस्थिति में जल प्रशासन के संगे-संगे जिला प्रशासन कावर से समय-समय पs छापेमारी कइल जाला। जल के भीतर मोबाइल, आउर इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस, मादक पदार्थ आदि के जांच खातिर छापेमारी कइल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.