Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

195 बुजुर्गन में नि:शुल्क जीवन सहायक उपकरणन के वितरण : वयोश्री योजना के तहत शिविर के आयोजन, जिला में 2009 लोग बा चिह्नित

706

गोपालगंज जिला के भोरे आ विजयीपुर प्रखंड में वयोश्री योजना के तहत शिविर लगाके सांसद डॉ. आलोक कुमार सुमन कुल 195 बुजुर्गन के बीच नि:शुल्क जीवन सहायक उपकरणन के वितरण कइल गइल। एह दौरान सांसद डॉ. आलोक कुमार सुमन भोरे में 93 आ विजयीपुर प्रखंड में 102 कुल 195 लोगन के बीच उपकरणन के वितरण कइलें।

राष्ट्रीय वयोश्री योजना के तहत भोरे आ विजयीपुर प्रखंड में एगो शिविर के आयोजन कइल गइल। शिविर के उद्घाटन जदयू सांसद सह जदयू के राष्ट्रीय कोषाध्यक्ष डॉ. आलोक कुमार सुमन दीया जराके कार्यक्रम के सुरुआत कइलें। समारोह के आयोजन सामाजिक न्याय आ अधिकारिता मंत्रालय के विभाग के अधीन कार्यरत भारतीय कृत्रिम अंग निर्माण निगम (एलिम्को) आ जिला प्रशासन गोपालगंज, बिहार के सहजोग से कइल गइल।

वॉकिंग स्टिक, कृत्रिम दांत आ कान के मशीन सहित आउर उपकरण मिलल 

समारोह में उप निदेशक सह सहायक निदेशक सामाजिक सुरक्षा कोषांग गोपालगंज, भोरे और विजयीपुर के प्रखण्ड विकास पदाधिकारी, अंचल पदाधिकारी, पार्टी के नेता मवजूद रहे लो। एह दौरान सामाजिक न्याय आ अधिकारिता मंत्रालय भोरे प्रखण्ड में 93 एस विजयीपुर प्रखण्ड में 102 कुल 195 वरिष्ठ नागरिकन के बीच वॉकिंग स्टिक, कृत्रिम दांत, बीटीई (कान की मशीन), कॉलर सर्वाइकल, चेयर स्टूल कमोड सहित, वैशाखी, नी ब्रेस, एल-एस. बेल्ट, सिलिकॉन फोम कुशन, चश्मा, स्पाइनल सपोर्ट, टेट्रापॉड, ट्राईपॉड, वॉकर फोल्डेबल, फोल्डिगं व्हील चेयर, व्हील चेयर कमोड के वितरण कइल लो।

22 फरवरी तक वितरण कइल जाई 

सांसद डॉ. आलोक कुमार सुमन बतवलें कि राष्ट्रीय वयोश्री योजना के अंन्तर्गत जिला में 2009 वरिष्ठजनों के चिह्नित कइल गइल रहे। चिह्नित लाभार्थियन के लगभग 1 करोड़ 15 लाख रुपिया के 9508 सहायक उपकरणन के निःशुल्क वितरण प्रखंड वार कटेया आ पंचदेवरी में 19 फरवरी के, कुचायकोट-फुलवरिया में 20 फरवरी के, बैकुंठपुर-सिधवलिया 21 फरवरी के, बरौली-मांझा में 22 फरवरी के वितरित कइल जाई।

743700cookie-check195 बुजुर्गन में नि:शुल्क जीवन सहायक उपकरणन के वितरण : वयोश्री योजना के तहत शिविर के आयोजन, जिला में 2009 लोग बा चिह्नित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.