[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता पहुंचले के साथे अचानक लापता भइले ‘द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल’ के डायरेक्टर, कंगना रनौत मंगली ममता बनर्जी से मदद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

‘द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल’ रिलीज होखे से पहिले एह फिलिम के बारे में बहुते चरचा होखत बा. फिल्म के चारो ओर विवाद बा। अब खबर सामने आइल बा कि एह फिलिम के निर्देशक सनोज मिश्रा लापता हो गइल बाड़न. भाजपा के मंडी सांसद अवुरी अभिनेत्री कंगना रनौत ममता बनर्जी से मदद के गोहार लगवले बाड़ी, अवुरी इहो दावा कईले बाड़ी कि सनोज कुमार मिश्र कोलकाता पहुंचला के बाद लापता हो गईल बाड़े। निर्देशक के अचानक गायब होखे से कंगना रानौत परेशान बाड़ी आ निर्देशक के पत्नी उनुका से भी जादे परेशान बाड़ी। एह पूरा मामला के लेके कंगना एगो तस्वीर के संगे एगो लमहर पोस्ट लिखले बाड़ी, जवना में उ महत्वपूर्ण जानकारी भी साझा कईले बाड़ी।

कंगना रनौत के पोस्ट

कंगना अपना इंस्टाग्राम स्टोरी पs सनोज कुमार के तस्वीर पोस्ट करत कैप्शन में लिखली कि, ‘इs सनोज कुमार मिश्रा हवे, उs फिल्म ‘द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल’ के निर्देशन कईले बाड़े। एह फिल्म के ट्रेलर रिलीज भइला के बाद ममता बनर्जी सरकार उनुका खिलाफ केस दर्ज करवलस आ एह मामिला में सुनवाई में शामिल होखे खातिर ऊ 14 अगस्त के कोलकाता खातिर रवाना हो गइलन. कोलकाता पहुंचते ही लापता हो गईले। उनकर मेहरारू रोज हमरा के फोन करत बाड़ी। काल्ह रात उs बहुत परेशान होके बंगाल खातिर रवाना हो गईली। ममता बनर्जी से निहोरा बा कि ओह लाचार महिला के आपन पति खोजे में मदद करस। धन्यबाद।’

सनोज कुमार के हवें?

बता दीं सनोज कुमार लखनऊ के निवासी हवें। सनोज कुमार ‘काशी टू कश्मीर गजनवी’, ‘राम की जन्मभूमि’, ‘शशांक आ गांधीगीर’ जइसन कई गो फिलिम बनावे खातिर जानल जालें. एकरा अलावे सनोज कई गो टीवी शो में भी काम कईले बाड़े। निर्देशन के संगे सनोज भी लिखेले। ट्रेलर रिलीज भईला के बाद ही सनोज दावा कईले रहले कि उनुका के बंगाल से भी जान से मारे के धमकी मिलता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]