[the_ad_group id="30365"]

मां बनले के बाद अब टीवी पs वापसी करे जा रहल बाड़ी दीपिका कक्कड़

अभिनेत्री दीपिका कक्कड़
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेत्री दीपिका कक्कड़ अपना बेटा रुहान के जनम के बाद अभिनय जगत से दूर बाड़ी. साल 2023 में उs सी सेक्शन के माध्यम से एगो बेटा के जन्म देली। तब से उनुका के बेटा के देखभाल करत देखल जाता। हालांकि उs अपना यूट्यूब व्लॉग के माध्यम से प्रशंसक के संगे आपन अपडेट साझा करत देखाई देतारी। हाल ही में अभिनेत्री आपन क्लोदिंग लाइन भी लॉन्च कईले बाड़ी, जवन कि बढ़िया से चलत लउकत बा। एही बीच अभिनेत्री प्रशंसकन के एगो बढ़िया खबर साझा कइले बाड़ी. अपना व्लॉग में दीपिका खुलासा कइली कि ऊ जल्दिए एगो प्रोजेक्ट से वापसी करे वाली बाड़ी, जवना के शूटिंग में ऊ व्यस्त बाड़ी. 

बेटा के जनम के डेढ़ साल बाद दीपिका कक्कड़ इs जानकारी साझा कईली। हालांकि उs एs बारे में जादा नइखी बतवले। बाकिर बतवली कि ऊ मेकअप रुप से शूटिंग करत बाड़ी. उs कहली, “आज पूरा दु दिन बाद हम आपन व्लॉग खतम कs रहल बानी। पिछला 3-4 दिन से बहुत व्यस्त बानी। काहें? काहे कि हमार एगो शूटिंग बा जवन शुरू हो गइल बा आ हमरा रोज आवे के पड़ेला. मेकअप रूम से रउरा से बात करत बानी। बहुत कुछ हो चुकल बा। ई नया बा एहसे सेटअप करे में समय लागेला.” उs आगे कहली कि,” एs समय हम आपके लोग के संगे सभ विवरण नईखी बता सकत। बढ़िया बात ई बा कि हम कवनो काम खातिर शूटिंग शुरू कs दिहले बानी आ बहुते जल्दी रउरा लोग के सोझा आ जाईं.”

ध्यान देवे वाला बात बा कि आजकल खबर बा कि दीपिका शायद मास्टर शेफ इंडिया के हिस्सा बन सकेली। हालांकि अबहीं एकर पुष्टि के इंतजार बा. 

इहो पढ़ीं: संभल में मिलल प्राचीन शिव मंदिर के कार्बन डेटिंग से होई जांच, सर्वेक्षण खातीर आजु पहुंची ASI के टीम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]