[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: पासपोर्ट बनवले में इs लापरवाही पड़ल भारी, 70 पुलिसकर्मियन पs कार्रवाई  

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

डिवीजन के चारो जिला गोरखपुर, देवरिया, कुशीनगर, महाराजगंज में पासपोर्ट सत्यापन में लापरवाही आ पइसा मांगे के शिकायत पs डीआईजी रेंज आनंद कुलकर्णी 70 पुलिसकर्मी पs कार्रवाई कइले बाड़न. उs पासपोर्ट खातिर आवेदन करेवाला लोग के प्रतिक्रिया पs इs कार्रवाई कईले।

थाना स्तर पs सत्यापन के बाद पुलिसकर्मी के कामकाज पs डीआईजी कार्यालय से आवेदक से प्रतिक्रिया लिहल जाला। आरोप के पुष्टि भईला के बाद पांच पुलिस जवान के निलंबित कs दिहल गईल अवुरी सात जवान के लाइन पs भेज दिहल गईल।

21 जने के मामूली सजा आ 17 जने के चेतावल गइल. 20 के तालिका में बदलाव कईल गईल। पिछला चार महीना में आवेदक लोग से अचानक फोन पs भईल बातचीत में गोरखपुर रेंज के थाना में तैनात 70 पुलिसकर्मी के कामकाज खराब पावल गईल, जवना में बहुत लोग सत्यापन खातीर पईसा मांगत रहले। कुछ पुलिसकर्मी आवेदक के बेवजह परेशान करत रहले। समीक्षा के बाद डीआईजी जांच करा देले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]