Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विश्व पुस्तक मेला में ‘मुफ्त’ में बांटल जात रहे ‘धर्मग्रंथ’, वीडियो सामने अइला पs मचल बवाल

World Book Fair : नयी दिल्ली विश्व पुस्तक मेला में एगो ईसाई संगठन के स्टॉल पर कुछ लोग बाइबिल के मुफ्त प्रति बांटल गइला के खिलाफ कथित रूप से प्रदर्शन कइलस। आप इहां प्रगति मैदान में बुध के ई घटना घटल, जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs साझा कइल गइल। 

570

World Book Fair: वीडियो में नजर आ रहल बा कि कुछ लोग धार्मिक नारा लगा रहल बा तथा ईसाई संगठन गियोंस इंटरनेशनल द्वारा संचालित एह स्टॉल पs बाइबिल मुफ्त बांटल गइला पs रोक लगावे के मांग कर रहल बा। पुलिस कहलस कि आयोजकन भा गियोंस इंटरनेशनल के ओर से एह संबंध में कवनो शिकायत नइखे दर्ज करावल गइल बा। गियोंस इंटरनेशनल एह घटना पs तत्काल कवनो बयान नइखे जारी कइल गइल बा। एगो मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक एह घटना के वीडियो सामने अइला पs बहुते बवाल मच गइल। लोग मुफ्त में बाइबिल बबंटला के विरोध कर रहल बा।

475790cookie-checkविश्व पुस्तक मेला में ‘मुफ्त’ में बांटल जात रहे ‘धर्मग्रंथ’, वीडियो सामने अइला पs मचल बवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.