[the_ad_group id="30365"]

कश्मीर से लवटे वाला सैलानियन से जादा किराया ना वसूली एयरलाइन कंपनी, DGCA जारी कईलस एडवायजरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एविएशन रेगुलेटर डीजीसीए बुध के दिने देश के सगरी एयरलाइंस से कहलस कि पहलगाम आतंकी हमला के बाद पर्यटकन के लवटे में सुविधा होखे खातिर श्रीनगर से उड़ान के संख्या बढ़ावल जाव. एकरा अलावे नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) एयरलाइंस से श्रीनगर के उड़ान टिकट के रद्द करे अवुरी फेर से तय करे के फीस माफ करे पs विचार करे के भी कहले बा। बता दीं कि मंगल के दिने दक्षिण कश्मीर के पहलगाम में एगो बड़हन पर्यटन स्थल पर आतंकवादी हमला कइले रहे. दुपहरिया में भईल एs हमला में 26 लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले।

देश के सगरी जुड़ल गंतव्यन पs उड़ान बढ़ावे के निर्देश

मंगल के दिने भइल आतंकी हमला में मरे वाला अधिकतर लोग दोसरा राज्यन के पर्यटक रहलें. डीजीसीए बुध के दिने एगो सलाहकार जारी करत कहलस कि पहलगाम में भइल हमला के बाद घरे लवटे के इच्छुक पर्यटकन के मांग अप्रत्याशित रूप से बढ़ गइल बा. विमानन नियामक कहले कि, एs मामला में एयरलाइंस के सलाह दिहल जाता कि उs बढ़त मांग के जवाब में उड़ान के संख्या बढ़ावे खातीर तुरंत कार्रवाई करे अवुरी संगही श्रीनगर से देश भर के अलग-अलग गंतव्य ले निर्बाध संपर्क सुनिश्चित करे ताकि फंसल पर्यटक के बाहर निकाले में आसानी होखे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]