DGCA के बड़ फैसला, बोइंग 787-8/9 विमानन के सेफ्टी जांच बढ़ावे के निर्देश

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2025

गुजरात के अहमदाबाद में 12 जून के एगो बड़हन विमान दुर्घटना भइल रहे, एयर इंडिया के बोइंग 787-8 ड्रीमलाइनर विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे जवना में 242 यात्री सवार हो गइल रहले. एह हादसा में

Share

गुजरात के अहमदाबाद में 12 जून के एगो बड़हन विमान दुर्घटना भइल रहे, एयर इंडिया के बोइंग 787-8 ड्रीमलाइनर विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे जवना में 242 यात्री सवार हो गइल रहले. एह हादसा में बहुते लोग के मउत हो चुकल बा. एही विमान में गुजरात के सीएम रहल विजय रुपाणी भी सवार रहले। एह हादसा से पूरा देश में हलचल मच गइल बा. एही बीच डीजीसीए (DGCA (Directorate General of Civil Aviation) बोइंग 787-8/9 विमानन के सुरक्षा जांच बढ़ावे के निर्देश जारी कइले बा। बता दीं कि ई नया निर्देश 15 जून 2025 से 12 आधा रात से लागू हो जाई.

डीजीसीए बोइंग 787-8/9 विमान के सुरक्षा जांच पs इs निर्देश देले बा:

1- हर विमान के उड़ान से पहिले इs जांच कईल जाई.

ईंधन पैरामीटर मॉनिटरिंग अवुरी एकरा से जुड़ल सिस्टम के जांच कईल जाई।

केबिन एयर कंप्रेसर अवुरी एकरा से जुड़ल सिस्टम के जांच कईल जाई।

इलेक्ट्रॉनिक इंजन कंट्रोल सिस्टम के परीक्षण कईल जाई।

इंजन ईंधन से चले वाला एक्ट्यूएटर अवुरी ऑयल सिस्टम के ऑपरेशनल टेस्ट कईल जाई।

हाइड्रोलिक सिस्टम के सर्विसबिलिटी चेक कईल जाई।

टेकऑफ पैरामीटर के समीक्षा कईल जाई।

2- पारगमन निरीक्षण में अब ‘उड़ान नियंत्रण निरीक्षण’ अनिवार्य हो जाई, जवन आगे के आदेश ले लागू रही।

3- अगिला दू हफ्ता में बिजली आश्वासन के जांच पूरा करे के होई।

4- पिछला 15 दिन में बार-बार होखे वाला तकनीकी गलती के समीक्षा के आधार पs जल्दी से जल्दी रखरखाव के कार्रवाई पूरा करे के निर्देश।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.