[the_ad_group id="30365"]

रामलीला में रामजन्म के मंचन देखके प्रफुल्लित भइलें श्रद्धालु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। नर्वदेश्वर नाथ रामलीला समिति कटियारी के रामलीला सन् 1953 से हर साल गांव के कलाकार आयोजित करे ला लो। एकर सुरुआत स्वo बेचन तिवारी के ओर से कइल गइल रहे, जवन अनवरत जारी बा। एमे सब ग्रामवासी आ क्षेत्रवासी बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल जाला। मुख्य अतिथि अभिनव यादव उर्फ राजा यादव फीता काटके सुभारंभ कइलें।

रामलीला समिति के तरफ से राम जन्म महोत्सव मंचन कइल गइल। दूसरका दिन दिखावल गइल कि सब देवी-देवता लोग  भगवान विष्णु के लगे जात बा लो आ आपन दुख सुनावत बा लो। राजा दशरथ के दरबार में ऋंगी ऋषि के आगमन होत बा जवन राजा दशरथ से पुत्र प्राप्ति खातिर यज्ञ करे के प्रस्ताव राखत बाड़ें, जवना के बाद विश्वामित्र के कहला पs शृंगी ऋषि पुत्रेष्टि यज्ञ कइलें आ और महाराजा दशरथ के पुत्र प्राप्ति के वरदान देलें। वरदान से दशरथ के तीन रानी कौशल्या, कैकई आ सुमित्रा लईकन के जन्म दिहल लो आ राम, लक्ष्मण, भरत, शत्रुघ्न के जन्म भइल। राम जन्म के खुसी में आतिशबाजी कइल गइल।

एमे ग्राम प्रधान अजय पासवान, किशन तिवारी, सुरेंद्र तिवारी, राम नारायण तिवारी, रणजीत तिवारी, विकास तिवारी, हरी संगम तिवारी, विनोद तिवारी, राकेश मिश्र, आदित्य तिवारी, चमन तिवारी, शिवनी तिवारी, अंजली तिवारी, अंकिता तिवारी, शालिनी तिवारी, मनोज तिवारी आदि लोग मौजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]