[the_ad_group id="30365"]

Deoria: परीक्षा देके लौट रहल साइकिल सवार छात्रा लो से राह चलत छेड़खानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्कूल से परीक्षा देके साइकिल से घरे लवटत कक्षा 8 के दु लइकी के रास्ता में एकही बाइक पs सवार चार युवक रोक देले। ई घटना बियफे का दिने भइल।

जब लइका ओ लोग के खेत में घसीट के ले आवे के कोशिश कइले तऽ लइकी छात्रा साइकिल फेंक के जान बचावे खाती भाग गइली। जब हल्ला बढ़ल तऽ पास के लोग ओहिजा पहुंच गइले। एकरा से पहिले युवक मौका से भाग गइल। पूरा घटना के सीसी कैमरा में कैद कऽ लिहल गइल बा। जब वीडियो फइलल तऽ पुलिस कार्रवाई में झूल गइल। पुलिस चार गो अनजान आरोपियन का खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बिया।

तरकुलवा थाना क्षेत्र के गांव के निवासी दुगो बालिका छात्रा बगल के स्कूल में आठवीं में पढ़ेली। शुक के सबेरे उऽ परीक्षा में हाजिर होखे खातिर साइकिल से स्कूल गइल रहली। परीक्षा देला के बाद दुनो लइकी साइकिल से घरे लवटत रहली। रास्ता में बाइक सवार चार युवक दुनो के घेर लेले।

इ देख के लइकी छात्रा सबसे पहिले साइकिल छोड़ के ओ लोग से बचे खातिर भागे लगली। तीन युवक एगो लइकी छात्रा के खेत में घसीटे के कोशिश कइले। लइकी लोग हल्ला मचावत करीब 200 मीटर दूर स्थित घर के नजदीक पहुंच गइली। मौका मिलते  बदमाश मौका से भाग गइले। पूरा घटना घर के सीसीटीवी कैमरा में कैद हो गइल बा। पुलिस फुटेज के माध्यम से बदमाशन तक पहुंचे के कोशिश करतिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]