Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Deoria News: भटनी रेलवे स्टेशन पऽ एयरपोर्ट जइसन होई सुविधा, खरच होई 43 करोड़

प्रधानमंत्री मोदी वीडियो कांफ्रेंसिंग के जरीए दिहले सौगात, सांसद गिनवले उपलब्धि:

452

भटनी। अमृत भारत योजना के तहत करीब 43 करोड़ रुपिया से भटनी रेलवे स्टेशन के कायाकल्प होई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के वीडियो कांफ्रेंसिंग से शिलान्यास कर के क्षेत्रवासियन के सौगात दिहले। काम पूरा भइला के बाद रेल यात्रियन के एयरपोर्ट जइसन सुविधा देवे के दावा कइल गइल। ओहिजा, क्षेत्रीय सांसद केंद्र आ प्रदेश सरकार के उपलब्धियन के गिनवले आ तीसरका बेर मोदी सरकार बनवावे के अपील कइले। शिलान्यास कार्यक्रम में लोग प्रधानमंत्री के सुनलस आ हाईटेक रेलवे स्टेशन बनला पऽ खुशी जतवलस।

भटनी रेलवे स्टेशन के अमृत भारत योजना के तहत मॉडल स्टेशन के रूप में तइयार करे के काम शुरू कर दिहल गइल बा। करीब 43 करोड़ के लागत से बने वाला रेलवे स्टेशन मूलभूत सुविधा से लैस होई। सदर सांसद डॉ. रमापति राम त्रिपाठी कहले कि केंद्र आ प्रदेश सरकार बुनियादी जरूरतन के ध्यान में राखत सभकर विकास कर रहल बिया। रेलवे स्टेशन, अस्पताल, बिजली घर, सड़क, पानी समेत मूलभूत सुविधा हर घर में पहुंचावल जा रहल बा।

एकरा पहिले नगर के तीन गो विद्यालयन में भइल निबंध लेखन आ चित्रकला प्रतियोगिता में अव्वल विद्यार्थियन के सांसद पुरस्कृत कइले। चेयरमैन विजय कुमार गुप्त विभिन्न ट्रेनन के ठहराव आ केवड़ा में टिकट घर खोले के मांग के लेके ज्ञापन दिहले। एही दौरान जिला पंचायत सदस्य अजित सिंह, डॉ. संजीव शुक्ल, योगेश प्रजापति, अमित कुमार मिश्र, विनोद दीक्षित, रमेश चंद्र वर्मा, हितेंद्र तिवारी, दीपक वर्मा, राम अवतार कुशवाहा आदि मौजूद रहलें।

प्रधानमंत्री कइले अंडरपास के वर्चुअल शुभारंभदे वरिया।

गौरीबाजार के भगुआ स्थित सिरजम, पथरहट आ तेंनुई पऽ निर्मित अंडरपास के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वर्चुअल शुभारंभ कइले। रेलवे वाराणसी मंडल के तत्वावधान में विविध कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। गौरीबाजार क्षेत्र के सिरजम पथरहट तेनुई मार्ग जोड़े खातिर बनल अंडरपास के लोग सरऽहलस। अध्यक्षता नगर पंचायत अध्यक्ष प्रदीप मद्धेशिया और संचालन विनोद मिश्र कइलें।

स्टेशन अधीक्षक रवि प्रकाश सिंह आभार जतवले। एही दौरान अरविंद पांडेय, आदित्य सिंह, जिला पंचायत सदस्य विनय कुमार जायसवाल, ग्राम प्रधान इंद्रदेव निषाद, स्टेशन इंजीनियर जटाशंकर यादव, मोनू मिश्रा, जितेंद्र यादव आदि मौजूद रहलें।

ए छात्र लो के कइल गइल सम्मानित

अलगा – अलगा विद्यालय से आइल विद्यार्थियन के कार्यक्रम में विकसित रेलवे के परिदृश्य के सुंदर रूप में प्रस्तुत कइले। निबंध, पेंटिंग में अव्वल रहल छात्रा नेहा प्रजापति, सिद्धि सिंह, सोफिया अंसारी, नेहा चौरसिया, गंगोत्री पब्लिक स्कूल के दिव्यांशु मिश्रा, अतुलेश मिश्रा,खुशी शिवा, मानसी यादव,यशपाल यादव, खुशी यादव, प्रगति बरनवाल, रितु सिंह, खुशबू यादव, नव्या सिंह, पुष्कर यादव, नीतू यादव, मदर प्राइड स्कूल के अंशु यादव, शिवम यादव, प्रिंस यादव, विवेक कुमार सहित अन्य छात्रन के मेडल आ प्रशस्तिपत्र देके सम्मानित कइल गइल।

752070cookie-checkDeoria News: भटनी रेलवे स्टेशन पऽ एयरपोर्ट जइसन होई सुविधा, खरच होई 43 करोड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.