[the_ad_group id="30365"]

World Book Fair 2023: दिल्ली में पुस्तक प्रेमियन के इंतजार भइल खत्म, 25 फरवरी से प्रगति मैदान में सुरू होई विश्व पुस्तक मेला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

World Book Fair 2023: दिल्ली में लगभग तीन साल के बाद विश्व पुस्तक मेला के आयोजन होखे जा रहल बा। एसे पुस्तक प्रेमियन के इंतजार अब खत्म होई। ओहिजा अबकी बेर पुस्तक मेला के प्रमुख थीम आजादी के अमृत महोत्सव (Azadi ka Amrit Mahotsav) पs आधारित कइल गइल बा। ई पुस्तक मेला 25 फरवरी से 5 मार्च तक दिल्ली के प्रगति मैदान में आयोजित कइल जाई। अबकी के सबसे खास बात तs ई एह विश्व पुस्तक मेला के 50 साल के सफर एह साल पूरा होके जा रहल बा। हफ्तन तक चले वाला एह आयोजन में अलग-अलग विद्यालयन के छात्र, शिक्षक, चित्रकार, प्रकाशक आ आउर शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल लोग सामिल होला लोग।

25 फरवरी से 5 मार्च तक प्रगति मैदान में चके वाले एह विश्व पुस्तक मेला में अनेक साहित्यिक आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के  आयोजित होई। अबकी बेर के ई पुस्तक मेला आजादी के अमृत महोत्सव के थीम पs आधारित होई आ आयोजित होखे वाला  कार्यक्रम ओकरा से जुड़ल होई। एकरा पहिले कोरोना संकट के वजह से दु साल तक एंकर आयोजन ना हो सकल रहे, जबकि 2021 में वर्चुअल मोड में एह विश्व पुस्तक मेला के आयोजन कइल गइल रहे। एह पुस्तक मेला के इंतजार खाली राजधानी के लोग ना बलुक आउर प्रदेशन के साहित्यकार आ शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल लोग करत बा।

लईकन के आकर्षित करे खातिर नुक्कड़ नाटक

एह विश्व पुस्तक मेला के आयोजन में लईकन के खासतौर पs केंद्र में रखल जाई ताकि ओह लोगन के जुड़ाव एगो अच्छा पुस्तक से बेसी से बेसी होखे आ ऊ अपना जिनगी में मित्र के रूप में पुस्तक पढ़े के स्वीकारे लो। एही के देखत पुस्तक मेला में नुक्कड़ नाटक, कथा वाचन वर्कशॉप, पैनल चरचा ,चित्रकारी, लेखक मंच जइसन कार्यक्रमन के सामिल कइल गइल बा। एकरा माध्यम से लईकन आ उहां मवजूद आउर लोगन के पुस्तकन के सकारात्मक प्रभाव से जोड़ल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]