दिल्ली-NCR में बदलल मौसम के मिजाज, कईगो इलाकन में बरखा, लाखन लोग के गरमी से मिलल राहत

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

    दिल्ली आ नोएडा समेत पूरा एनसीआर में मौसम के पैटर्न बदल गइल बा. दिल्ली-एनसीआर के कई इलाका में हल्का बरखा हो रहल बा।  आसमान में बादल छाइल बा। 20-30 किलोमीटर के रफ्तार से

Share

 

 

दिल्ली आ नोएडा समेत पूरा एनसीआर में मौसम के पैटर्न बदल गइल बा. दिल्ली-एनसीआर के कई इलाका में हल्का बरखा हो रहल बा।  आसमान में बादल छाइल बा। 20-30 किलोमीटर के रफ्तार से हवा बह रहल बा।  एहसे लाखों लोग के तपत गरमी से राहत मिलल।

दिल्ली-नोएडा में हल्का बारिश

ताज़ा जानकारी के मुताबिक राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के बहुत हिस्सा में बादल अवुरी हल्का बूंदाबांदी के चलते लोग के गरमी से राहत मिलल बा। तपल गरमी के बीच नोएडा में हल्का बरखा के चलते लोग के गरमी से राहत मिलल बा।

एह इलाकन में भी बरखा हो रहल बा

एकरा से पहिले मौसम विभाग के ओर से दिल्ली अवुरी एनसीआर, खरखौदा, झज्जर, सोहना, पलवल, नूंह, औरंगाबाद, होडल, रोहतक, हिसार (हरियाणा) जट्टारी, खैर ( यूपी)) में हल्का बरखा के अनुमान लगावल गईल रहे। एह सब जगह पs हल्का बरखा हो रहल बा।

दिल्ली में तापमान 52.3 डिग्री ले पहुंचल

मौसम विभाग के अधिकारी बतवले कि दिल्ली के मुंगेशपुर इलाका में बुध के अधिकतम तापमान 52.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल जवन कि राष्ट्रीय राजधानी में अब ले के सबसे जादा तापमान बा। मंगल के उत्तर-पश्चिम दिल्ली में स्थित मुगेंशपुर में तापमान 49.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल। मौसम विभाग के वेबसाइट के मुताबिक एक दिन बाद तापमान में अवुरी बढ़ोतरी भईल अवुरी मौसम केंद्र में शाम 4.14 बजे अधिकतम तापमान 52.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल। भारत मौसम विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि दिल्ली में अब ले के इs सबसे जादा तापमान बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.