[the_ad_group id="30365"]

Delhi Traffic Challan: दिल्ली में धड़ाधड़ कट रहल बा चालान, 4 महीना में 30 हजार से बेसी वाहन पऽ भइल कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Delhi Traffic Challan: एक जनवरी से 30 अप्रैल ले चलावल गइल अभियान में 30062 वाहन चालकन के चालान कइल गइल ।Delhi Traffic Challan पिछीला वर्ष एही अवधि में 18047 वाहन चालकन के गलत दिशा में वाहन चलावे पs चलान कइल गइल रहे।

एह साल पिछला साल के मुकाबला 12015 अधिका मामिला दर्ज भइल बा। एहमें नजफगढ़ में अधिकतम 1389 केस दर्ज भइल बा।

राजधानी दिल्ली में गलत दिशा में गाड़ी चलावे वाला लोग के संख्या में लगातार बढ़ोतरी होखऽता। दिल्ली ट्रैफिक पुलिस के ओर से 1 जनवरी से 30 अप्रैल ले गलत पक्ष से गाड़ी चलावे वाला लोग के खिलाफ चलावल गइल अभियान में 30,062 चालकन के चालान जारी  कइल गइल बा।

पिछला साल एही अवधि में 18,047 ड्राइवरन के गलत दिशा में गाड़ी चलावे के चलते चालान जारी कइल गइल रहे। एह साल पिछला साल के मुकाबला में 12,015 अधिका ममिला सामने आइल बा। एह तरे एह साल गलत दिशा में गाड़ी चलावे वाला लोग के संख्या में करीब 67 प्रतिशत के बढ़ोतरी भइल बा। सबसे बेसी केस नजफगढ़ में 1389, सरिता विहार में 1,333 आ भजनपुरा में 1,133 केस दर्ज भइल। कमला नगर बाजार में सबसे कम संख्या में 966 केस दर्ज भइल।

दस गो सबसे प्रभावित इलाका

  • नजफगढ़- 1389
  • सरिता विहार- 1333
  • भजनपुरा- 1133
  • पंजाबी बाग- 1093
  • कल्याणपुरी- 1062
  • कोतवाली- 1056
  • द्वारका- 1041
  • संगम विहार- 998
  • राजौरी गार्डन- 968
  • कमला मार्किट- 966
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]