दिल्ली सीमापुरी हादसा में मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ के पांच भइल, सामने आइल मकान ढहले के वजह

By Shweta Supriya

Published on: Oct 8, 2026

पूर्वी दिल्ली। पूर्वी दिल्ली के सीमापुरी इलाका में पांच मंजिला मकान गिरला से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ के पांच हो गइल बा। मरे वाला लोग में एगो महिला भी शामिल बाड़ी। बतावल गइल

Share

पूर्वी दिल्ली। पूर्वी दिल्ली के सीमापुरी इलाका में पांच मंजिला मकान गिरला से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ के पांच हो गइल बा। मरे वाला लोग में एगो महिला भी शामिल बाड़ी।

बतावल गइल कि दू गो अउर लोग के मउत गुरुवार के सबेरे भइल। दूनो के पहचान अबहीं ना हो पवले बा। दूनो के शव कुचलल हालत में मिलल रहे। मलबा में दबाइल एगो आवारा कुकुर जिंदा बच गइल बा। बचाव के काम जारी बा।

मलबा हटावे के काम जारी

स्थानीय लोग के कहल बा कि अबहियों कुछ अउर लोग मलबा के नीचे दबाइल हो सकेला। बुलडोजर से मलबा हटावे के काम जारी बा। जगह संकरा होखे आ आसपास के मकान क्षतिग्रस्त होखे के चलते बचाव कार्य में दिक्कत आ रहल बा।

हादसा के मुख्य कारण

जिला पुलिस उपायुक्त आरपी मीणा बतवलें कि हादसा के तीन गो मुख्य वजह सामने आ रहल बा। पहिला, जवन मकान गिरल बा, ओकरा से सटल मकान में निर्माण कार्य (मरम्मत) के काम चलत रहल।

ओहीं, दूसर जवन मकान गिरल बा, ऊ काफी पुरान रहल आ अवैध तरीका से बनल रहल। तीसरा कारण भूकंप बतावल जा रहल बा। लोगन के मुताबिक, भूकंप के चलते मकान में दरार पड़ गइल रहे। आशंका बा कि एह वजह से मकान गिरल हो सकेला। बचाव के काम अबहियों जारी बा। चार गो घायलन के अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.