दिल्ली आ फरीदाबाद वालन खातीर बड़ खबर, सरिता विहार फ्लाईओवर 2 महीना ले रही बंद, एs दिन से सुरू होई मरम्मत

By Anurag Ranjan

Published on: May 21, 2024

      दिल्ली आ फरीदाबाद के जनता खातिर बड़ खबर आइल बा. दिल्ली के मथुरा रोड पs स्थित सरिता विहार फ्लाईओवर 2 महीना खातिर बंद होखे जा रहल बा। एकर मरम्मत के काम 10

Share

 

 

 

दिल्ली आ फरीदाबाद के जनता खातिर बड़ खबर आइल बा. दिल्ली के मथुरा रोड पs स्थित सरिता विहार फ्लाईओवर 2 महीना खातिर बंद होखे जा रहल बा। एकर मरम्मत के काम 10 जून से सुरू हो जाई।

पहिले एह फ्लाईओवर के मरम्मत के काम जून 2023 में होखे वाला रहे बाकिर ना हो सकल. फेर एकरा खातिर 1 मई के तारीख तय हो गईल बाकीर आज भी इs काम ना हो पावल। अब खबर बा कि 10 जून से मरम्मत के काम शुरू हो जाई, ओकरा बाद 60 दिन ले इs फ्लाईओवर बंद रही।

ध्यान देवे वाला बात बा कि सरिता विहार फ्लाईओवर से रोज हजारन गो गाड़ी गुजरेली सs, एहसे एकरा के बंद कईला से दोसरा सड़क पs यातायात पs असर पड़ सकता। हालांकि इहाँ इs जानल जरूरी बा कि फ्लाईओवर खाली एक दिशा में बंद होई, दूसरा ओर खुलल रही अवुरी एकरा पs गाड़ी के आवाजाही जारी रही।

मरम्मत चार चरण में कईल जाई

फ्लाईओवर के मरम्मत के काम 4 चरण में पूरा होई। पहिला चरण में आश्रम से फरीदाबाद जाए वाली सड़क के मरम्मत करावल जाई। दूसरा चरण में एs दिशा में बचे वाला सड़क के मरम्मत कईल जाई। तीसरा आ चउथा चरण में फरीदाबाद से आश्रम आवे वाली सड़क के मरम्मत करावल जाई.

वैकल्पिक रास्ता का होई?

सरिता विहार फ्लाईओवर बंद होखला के चलते दिल्ली से फरीदाबाद के ओर ऊपर नीचे जाए वाला लोग के परेशानी के सामना करे के पड़ी। अयीसना में वैकल्पिक मार्ग के सूची तैयार कईल जाता, ताकि ड्राइवर के जादे समस्या के सामना ना करे के पड़े।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.