[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में पुलिस कॉन्स्टेबल के कार से कुचलके हत्या: शराब तस्कर पहिले टक्कर मरलस, फेर 10 मीटर तक घसीटलस; आरोपी फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के नांगलोई इलाका में एगो रोड रेज के घटना में दिल्ली पुलिस के एगो कॉन्स्टेबल के कार से कुचलके हत्या कs दिहल गइल। घटना सनीचर-अतवार के देर रात भइल, जब कॉन्स्टेबल एगो शराब तस्कर के कार रोके के कोसिस कइलस।

दिल्ली पुलिस के मोताबिक, मृतक कॉन्स्टेबल के पहचान संदीप के रूप में भइल बा। ऊ नांगलोई थाना में तैनात रहस। उनका के शराब सप्लायर के कार इलाका में आवे के सूचना मिलल रहे। देर रात ऊ एगो कार के रुके के इशारा कइलस।

हालांकि, कार ना रुकल आ कॉन्स्टेबल के टक्कर मार देलस। एकरा बाद सड़क पs 10 मीटर तक घसीटलस। फेर कार दूसरका कार से टकरा गइल। घटना के बाद शराब तस्कर कार छोड़के मवका से फरार हो गइल। पुलिस गाड़ी जब्त कs लेले बिया, बाकिर शराब नइखे मिलल।

4 दिन पहिले एगो गाड़ी वकील के कुचलले रहे 

दिल्ली में 25 सितंबर के हिट-एंड-रन के एगो आउर ममिला सामने आइल रहे। पूर्वी दिल्ली के गाजीपुर इलाका में मुर्गा मंडी के लगे एगो अज्ञात वाहन एगो वकील के कुचल देलस, जवना से ओकर मवके पs मौत हो गइल।

पुलिस बतवलस कि 45 साल के वकील मिथिलेश चौबे 25 सितंबर के रात करीब 11 बजे अपना बाइक से कोर्ट से घर लवटत रहलें। गाजीपुर मुर्गा मंडी के लगे गाड़ी उनका के टक्कर मार देलस, जवना से ऊ सड़क पs गिर गइलें।

एकरा बाद गाड़ी उनका के कुचल देलस। अभी तक गाड़ी आ ड्राइवर के पहचान ना हो सकल। पुलिस इलाका के सीसीटीवी फुटेज के जांच कs रहल बिया। मृतक दिल्ली के मयूर विहार फेज 3 के जीडी कॉलोनी में किराया के मकान में रहत रहस।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]