[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस उम्मीदवार कन्हैया कुमार पs स्याही फेंके के मामिला में दिल्ली पुलिस कार्रवाई कइलस, एक आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आप कार्यालय के बहरी कन्हैया कुमार पs स्याही फेंकल गइल आ थप्पड़ मारे के कोशिश भी भइल। दिल्ली पुलिस ए मामला में कार्रवाई करत एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया। पूर्वोत्तर दिल्ली के कांग्रेस उम्मीदवार कन्हैया कुमार पs स्याही फेंके के आरोप में सोमवार के एगो आरोपी अजय कुमार के गिरफ्तार क लिहल गइल। डीसीपी नॉर्थ ईस्ट जॉय तिर्की ई बयान जारी कइले बाड़न ।

बता दीं कि 17 मई के आप कार्यालय के बहरी कन्हैया कुमार पs स्याही फेंकल गइल रहे आ थप्पड़ मारे के कोशिश भी भइल रहे। कुछ लोग कन्हैया के माला चढ़ावे के बहाने आके थप्पड़ मारे के कोशिश कइले।

भाजपा पs हमला के आरोप

कन्हैया कुमार भाजपा पs ए हमला के आरोप लगवले रहले आ कहले रहले कि बईठल सांसद मनोज तिवारी उनका पs हमला कs देले बाड़े। जब कन्हैया प हमला भइल तs स्थानीय पार्षद छाया शर्मा भी उनका संगे रहली।

कन्हैया कहले रहले कि जबसे पार्टी उनका के आपन उम्मीदवार बनवले बिया तब से मनोज तिवारी लोग के भड़कावे के कोशिश में लागल बाड़े। तिवारी के लागे लागल बा कि इलाका के लोग उनका के स्वीकार नइखन करत ।

कन्हैया एगो बयान में आरोप लगवले कि हमला के आदेश क्षेत्र से भाजपा के उम्मीदवार मनोज तिवारी के दिहल बा। कन्हैया दावा कइले कि बईठल सांसद तिवारी उनका बढ़त लोकप्रियता से निराश बाड़े आ एहीसे उनका प हमला करे खातीर गुंडा भेजले। ऊ कहले कि जनता 25 मई के मतदान कs के हिंसा के जवाब दिही।

25 मई के दिल्ली में मतदान

दिल्ली में कुल 7 लोकसभा सीट बा। दिल्ली के सातों सीट पs 25 मई के मतदान होखे वाला बा। लोकसभा चुनाव 2024 के देखत भाजपा पूर्वोत्तर दिल्ली लोकसभा सीट से मनोज तिवारी के आपन उम्मीदवार बना दिहले बिया । दोसरा तरफ कांग्रेस एह सीट से कन्हैया कुमार के आपन उम्मीदवार घोषित कर दिहले बिया। कहल जात बा कि एह सीट पs दुनु के बीच कड़ा मुकाबला बा । कन्हैया आपन राजनीति जेएनयू से शुरू कइले, जबकि मनोज तिवारी एगो मशहूर अभिनेता आ गायक रहले, जवना के बाद ऊ राजनीति में उतरले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]