[the_ad_group id="30365"]

School Holiday: दिल्ली, नोएडा समेत एह जगहा पs बंद भइल स्कूल, जानीं अब कब ले खुली विद्यालय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

स्कूल के छुट्टी : दिल्ली-एनसीआर समेत देश के अधिकांश भाग में बहुत जाड़ा होखता। अइसना में लगातार ठंड के लहर के चलते नोएडा में नर्सरी से लेके कक्षा आठ ले के स्कूल बंद हो गईल बा। ए संबंध में आधिकारिक नोटिस जारी कs दिहल गईल बा। अधिसूचना के मुताबिक नोएडा में नर्सरी से लेके आठवीं कक्षा ले के सभ स्कूल 6 जनवरी शनिचर ले बंद रही। ध्यान रहे कि दिल्ली अवुरी हरियाणा के स्कूल भी काल्ह से 6 जनवरी ले बंद बा।

निजी स्कूलन खातिर आदेश’.

गौतम बुद्धनगर प्रशासन के अधिसूचना के मुताबिक, आपन-आपन बोर्ड से जुड़ल सभ स्कूल बंद रही अवुरी आदेश के कड़ाई से पालन करे के कहल गईल बा। एगो अधिकारी कहले कि सरकारी आदेश ओ निजी स्कूल खातीर बा, जहां अबे ले कक्षा चलता। अधिकारी बतवले कि 14 जनवरी ले सभ सरकारी स्कूल में जाड़ा के छुट्टी चलता।

लखनऊ आ वाराणसी में भी स्कूल बंद

नोएडा ही ना, उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में जिला प्रशासन भी भयंकर सर्दी के चलते कक्षा 1 से 8 के छात्र खातीर 6 जनवरी ले स्कूल बंद राखे के आदेश देले बा। पिछला हफ्ता वाराणसी जिला प्रशासन भी कक्षा 1 से कक्षा 8 ले के छात्र के 6 जनवरी ले स्कूल बंद करे के घोषणा कईले रहे।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]