[the_ad_group id="30365"]

श्रद्धा जइसन हत्याकांड: दिल्ली के गीता कॉलोनी फ्लाईओवर के लगे टुकड़न में मिलल जुवती के लाश, बिखरल मिलल अंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के गीता कॉलोनी फ्लाईओवर इलाका के लगे से एगो लड़की के शव मिले से हड़कंप मच गइल। बतावल जा रहल बा कि शव कइयन टुकड़न में काटल गइल बा। सूचना पs पहुंचल पुलिस जांच में जुटल बिया। फिलहाल लईकी के पहचान ना हो सकल बा।

दिल्ली में श्रद्धा हत्याकांड जइसन एगो आउर वारदात सामने आइल बा। दिल्ली के गीता कॉलोनी फ्लाईओवर इलाका के लगे से एगो लईकी के शव मिलल बा। बतावल जा रहल बा कि शव कइयन टुकड़न में काटल गइल बा। सूचना पs पहुंचल पुलिस जांच में जुटल बिया। फिलहाल लईकी के पहचान नइखे हो पाइल।

जानकारी के मोताबिक, दुगो अलग-अलग जगहन पs शव के अवशेष मिल बा। दिल्ली पुलिस शव के कइयन टुकडा मिलला के बाद जांच सुरू हो गइल बा। मवका पs फोरेंसिक टीम पहुंचल बिया। समूचा इलाका के घेराबंदी कs के तलाशी अभियान सुरू कइल गइल बा। पुलिस के आज सबेरे 9.15 बजे सूचना दिहल गइल बा कि फ्लाइओवर के लगे कुछ मानव अंग पड़ल बा। एकरा बाद पुलिस उहां पहुंचल। अभी ले महिला के पहचान नइखे हो सकल। महिला के उमिर 35 से 40 साल बतावल जा रहल बा।

श्रद्धा के शव के कइल गइल रहे टुकड़ा

श्रद्धा हत्याकांड समूचा देस के दहला देले रहे। श्रद्धा के कथित रूप से ओकर बॉयफ्रेंड आफताब मौत के घाट उतार देले रहे। जेकरा बाद आफताब श्रद्धा के शव के टुकड़ा-टुकड़ा कs देले रहे। आफताब श्रद्धा के शव के टुकड़न के महरौली के जंगल समेत दिल्ली-एनसीआर के कइयन इलाकन में फेंकले रहे। एह ममिला के खुलासा तब भइल जब श्रद्धा के बाबूजी ओकर गुमशुदगी के रिपोर्ट दर्ज करवले रहस। लगभग छव महीना बाद श्रद्धा के हत्याकांड खुलल रहे। जवना के बाद पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कइले रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]