Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली : नौकरानी अपने साथी के संगे बुजुर्ग महिला के हत्या क देलस, ओकरा बाद फरार, अब गोरखपुर से गिरफ्तार

बिंदापुर के ओम विहार में एगो बुजुर्ग महिला के हत्या के मामला अयीसन रहे कि ना त संदिग्ध आरोपी के पता आ ना फोन नंबर के जानकारी रहे, लेकिन दिल्ली पुलिस सीसीटीवी फुटेज के मदद से आरोपी के हिरासत में ले लेलस।

153

दिल्ली के पुलिस एगो बुजुर्ग महिला के हत्या के मामला के 24 घंटा के भीतर सुलझावे में सफल हो गईल बिया। मामला बिंदापुर से जुड़ल बा जहवां 11 आ 12 अप्रैल के बीच के रात में उनुका घर से एगो बुजुर्ग महिला के लाश बरामद भईल।

सूचना 11-12 अप्रैल के रात में 2.30 बजे पुलिस के मिलल। बिंदापुर के ओम विहार इलाका में जब पुलिस महिला के घरे पहुंचल त महिला मरल पड़ल मिलल। पुलिस सीसीटीवी कैमरा के तलाशी लिहलस त मरेवाली महिला नौकरानी पे शक हो गईल। फुटेज के आधार पे पुलिस नौकरानी आ ओकरा पुरुष साथी के आरोपी मानत आपन जांच आगे बढ़वलस।

हालांकि ए मामला के जांच पुलिस खातीर मुश्किल हो गईल जब पाता चलल कि मरेवाली बुजुर्ग के परिवार के ओर से नौकरानी के वेरिफिकेशन नईखे भईल, ना उनुका लगे उनुकर फोन नंबर आदि बा।

 

एकरा बाद पुलिस ए मामला के जांच खातीr कई गो टीम बनवलस आ सीसीटीवी फुटेज के आधार पr जब जांच आगे बढ़ल त आरोपी के पता चलल। पुलिस के पाता चलल कि आरोपी गोरखपुर पहुंचल रहले जवना के बाद उहाँ एगो टीम भेजल गईल जवन आरोपी के गिरफ्तार करे में सफल भईल। एहमें यूपी पुलिस दिल्ली पुलिस के मदद कइलस | पुलिस अभी तक आरोपी से पूछताछ करतिया आ एकरा बाद ही अउरी जानकारी दिहल जाई।

 

साभार- अमर उजाला

514830cookie-checkदिल्ली : नौकरानी अपने साथी के संगे बुजुर्ग महिला के हत्या क देलस, ओकरा बाद फरार, अब गोरखपुर से गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.