[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली : नौकरानी अपने साथी के संगे बुजुर्ग महिला के हत्या क देलस, ओकरा बाद फरार, अब गोरखपुर से गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के पुलिस एगो बुजुर्ग महिला के हत्या के मामला के 24 घंटा के भीतर सुलझावे में सफल हो गईल बिया। मामला बिंदापुर से जुड़ल बा जहवां 11 आ 12 अप्रैल के बीच के रात में उनुका घर से एगो बुजुर्ग महिला के लाश बरामद भईल।

सूचना 11-12 अप्रैल के रात में 2.30 बजे पुलिस के मिलल। बिंदापुर के ओम विहार इलाका में जब पुलिस महिला के घरे पहुंचल त महिला मरल पड़ल मिलल। पुलिस सीसीटीवी कैमरा के तलाशी लिहलस त मरेवाली महिला नौकरानी पे शक हो गईल। फुटेज के आधार पे पुलिस नौकरानी आ ओकरा पुरुष साथी के आरोपी मानत आपन जांच आगे बढ़वलस।

हालांकि ए मामला के जांच पुलिस खातीर मुश्किल हो गईल जब पाता चलल कि मरेवाली बुजुर्ग के परिवार के ओर से नौकरानी के वेरिफिकेशन नईखे भईल, ना उनुका लगे उनुकर फोन नंबर आदि बा।

 

एकरा बाद पुलिस ए मामला के जांच खातीr कई गो टीम बनवलस आ सीसीटीवी फुटेज के आधार पr जब जांच आगे बढ़ल त आरोपी के पता चलल। पुलिस के पाता चलल कि आरोपी गोरखपुर पहुंचल रहले जवना के बाद उहाँ एगो टीम भेजल गईल जवन आरोपी के गिरफ्तार करे में सफल भईल। एहमें यूपी पुलिस दिल्ली पुलिस के मदद कइलस | पुलिस अभी तक आरोपी से पूछताछ करतिया आ एकरा बाद ही अउरी जानकारी दिहल जाई।

 

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]