[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली शराब घोटाला: AAP नेता दुर्गेश पाठक के बड़ राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के राउस एवेन्यू कोर्ट शराब घोटाला के मामला में आप नेता दुर्गेश पाठक के बहुत राहत देले बिया। फिलहाल कोर्ट दुर्गेश पाठक के जमानत दे देले बिया। दिल्ली के शराब घोटाला के मामला के सुनवाई बुध के राउस एवेन्यू कोर्ट में भइल। कोर्ट दुर्गेश पाठक के जमानत दे दिहले बिया। केजरीवाल के हिरासत 25 सितंबर ले बढ़ा दिहल गइल बा। विशेष न्यायाधीश कावेरी बावेजा ए मामला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के न्यायिक हिरासत 25 सितंबर तक बढ़ा देले।

कोर्ट एह लोग के खिलाफ समन जारी कइले रहे

दूसर ओर दिल्ली शराब नीति से जुड़ल सीबीआई के मामला में आप नेता दुर्गेश पाठक, अमित अरोड़ा, आशीष माथुर, पी शरद रेड्डी, विनोद चौहानो के आरोपी के रूप में बोलावल गइल। एह मामिला के अगिला सुनवाई 11 सितंबर के राउस एवेन्यू कोर्ट में होखे वाला रहे।

जानकारी खातिर बता दीं कि दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के खिलाफ दायर आरोप पत्र के राउस एवेन्यू कोर्ट संज्ञान ले लिहलस। कोर्ट केजरीवाल के खिलाफ प्रोडक्शन वारंट जारी कइलस। जहां केजरीवाल के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से प्रस्तुति देवे के निर्देश दिहल गइल। पिछला सुनवाई में कोर्ट नायर के जमानत दे देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]