खतरा में अरविंद केजरीवाल के जान, खालिस्तानी कs सकेला हमला, खुफिया एजेंसी जारी कइलस अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 15, 2025

एह समय के बड़ खबर देश के राजधानी दिल्ली से आइल बा। दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के लेके खुफिया एजेंसी अलर्ट जारी कईले बिया। खालिस्तानी केजरीवाल पs हमला कs सकतारे।  खुफिया एजेंसियन दिल्ली

Share

अरविंद केजरीवाल

एह समय के बड़ खबर देश के राजधानी दिल्ली से आइल बा। दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के लेके खुफिया एजेंसी अलर्ट जारी कईले बिया। खालिस्तानी केजरीवाल पs हमला कs सकतारे।  खुफिया एजेंसियन दिल्ली पुलिस से जानकारी साझा कइले बाड़ी सँ. बता दीं कि अरविंद केजरीवाल के Z श्रेणी के सुरक्षा मिलल बा. 

आजु अरविंद केजरीवाल नामांकन दाखिल करीहें

दिल्ली विधानसभा चुनाव के ध्यान में राखत अरविंद केजरीवाल आजु नामांकन दाखिल करीहें.  उs महिला समर्थकन के नामांकन दाखिल करे जईहे। केजरीवाल नामांकन से पहिले वाल्मीकी मंदिर अवुरी हनुमान मंदिर के दौरा भी करिहे उs सबेरे दस बजे वाल्मीकि मंदिर जइहें।  एकरा बाद उs हनुमान मंदिर जइहें।

सीएम अतिशी मंगल के दिने नामांकन दाखिल कइले रहली

केजरीवाल से पहिले मंगल के दिने दिल्ली के सीएम अतिशी आपन नामांकन दाखिल कइले रहली. उs दिल्ली के कालकाजी विधानसभा सीट से चुनाव लड़त बाड़ी। पिछला बेर भी उs एही सीट से जीतले रहले। एह सीट पs उनुकर मुकाबला भारतीय जनता पार्टी के उम्मीदवार रमेश बिधूड़ी आ कांग्रेस के उम्मीदवार अलका लांबा से हो रहल बा.

नामांकन दाखिल कईला के बाद उ कहले रहले कि, ‘हमरा पूरा उम्मीद बा कि पछिला 5 साल में जवना तरह से हमरा कल्काजी के लोग से प्यार मिलल बा।’  एही तरे आवे वाला चुनाव में भी हमरा कालकाजी के जनता के आशीर्वाद जरूर मिली।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.