[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: जाफराबाद में पति चाकू से गोद के पत्नी के मार देलस, हमला में 11 साल के बेटी घायल, सामने आइल वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में एगो पति अपना पत्नी के घर में चाकू मार के हत्या क देलस। ए घटना के दौरान मरेवाला के बेटी भी घाही हो गईल। पुलिस हमलावर पति के गिरफ्तार क लेले बिया अवुरी मामिला के छानबीन होखता। दरअसल पुलिस के सूचना मिलल रहे कि मौजपुर के गली नंबर 3 विजय मोहल्ला में एगो आदमी अपना पत्नी के चाकू मार देले बा। पुलिस मौका पs पहुंच के जांच शुरू कईलस त पता चलल कि 32 साल के निशा के उनुकर पति साजिद उनुका घर में कई बेर चाकू मार देले।

 गंभीर रूप से घाही निशा के जीटीबी अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित क देले। उनुका गर्दन, छाती अवुरी बायां हाथ पs चाकू के घाव मिलल बा। झगड़ा के दौरान 11 साल के बड़की बेटी अपना महतारी के बचावे के कोशिश कईलस लेकिन बेटी भी चाकू से घाही हो गईल। ए जोड़ी के दुगो बेटी बाड़ी, जवना के उमर 11 अवुरी 7 साल बा। घटना के समय दुनो बेटी घर में मौजूद रहली अवुरी पिता बेटी के सोझा महतारी के हत्या क देले।

हमला करे वाला पति के ह?

पुलिस 36 साल के साजिद के गिरफ्तार क लेले बिया। साजिद कुछ समय पहिले तक मोबाइल मरम्मत के दुकान चलावत रहले। फिलहाल उ बेरोजगार बाड़े। पुलिस के मुताबिक, साजिद के अपना पत्नी निशा पs शक रहे अवुरी एहीसे उनुकर हत्या क दिहले। पुलिस अपराध में इस्तेमाल भईल चाकू बरामद क के घटना के छानबीन में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]