[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: मालखाना क्षेत्र में लागल भीषण आग, सैकड़न गो वाहन जरी के भइल राख, मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मालखाना इलाका में भारी आग लगला के चलते हड़कंप मच गइल बा। जवना इलाका में आग लागल बा उs इलाका करीब 500 वर्ग गज के बा। इहाँ करीब 200 चार पहिया अवुरी 250 दुपहिया गाड़ी रहे। आग लगला के चलते सैकड़ों गाडी जर के राख हो गईल बा।

पूरा मामिला का बा?

दिल्ली पुलिस के आग के बारे में जानकारी 29 जनवरी के मिलल रहे। जवना इलाका में आग लागल बा ओकर नाम पीटीएस वजीराबाद, मलखाना हs। मउका पs 5 फायर टेंडर भेजल गईल बा। हालांकि एs घटना में कवनों के जानमाल के नुकसान के खबर नईखे।

ई आग वजीराबाद थाना के मालखाना में लागल बा। आग में 250 दुपहिया अवुरी 200 चार पहिया गाड़ी के नुकसान पहुंचल बा। हालांकि बाद में फायर ब्रिगेड आग पs काबू पा लिहलस। आग बुझावे में दमकलकर्मी के बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़ल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]