[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में बीजेपी नेता के गाड़ी पs फायरिंग, फेंकलस ‘लास्ट वार्निंग’ के परची

बीजेपी नेता के गाड़ी पs फायरिंग: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली के उत्तम नगर गुरुद्वारा के बहरी खड़ा गाड़ी पs अनजान बदमाश के गोलीबारी के मामला सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक बदमाश गुंडा गोगी मान के नाव पs धमकी के नोट भी छोड़ले बा। सोमार के रात करीब 9.30 बजे एगो बदमाश पीड़ित भाजपा सिख नेता रमनजोत सिंह के गाड़ी पs गोली चला देलस अवुरी धमकी के नोट छोड़ के भाग गईल।

पीड़ित बतवले कि कुछ दिन पहिले उनुका के खालिस्तानी के नाव से एगो अंतरराष्ट्रीय नंबर से धमकी के फोन आईल रहे, जवना के शिकायत उs पुलिस में भी कईले रहले। एकरा बाद पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी मौका पs पहुंच के मामला के जांच कईले। हालांकि पुलिस मौका पs कवनो गोली के खोल ना बरामद कईलस अवुरी पुलिस अबे ले मामला के छानबीन में जुटल बिया।

पुलिस एs मामिला में बतवले बिया कि फायरिंग के कवनो सबूत नईखे मिलल बाकिर पीड़ित भाजपा नेता के कहनाम बा कि फायरिंग भईल।

रमनजोत सिंह मीता के हवें?

रमनजोत सिंह मीता दिल्ली के गुरुद्वारा प्रबंधन समिति के सबसे कम उम्र के सदस्य हवे अवुरी उनुका संगे अवुरी 1500 सिख के संगे 27 अप्रैल 2024 के भाजपा में सदस्यता मिलल।  रमनजोत सिंह मीता भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा, राष्ट्रीय महासचिव तरुण चुघ, पार्टी नेता मनजिंदर सिंह सिरसा अवुरी दिल्ली भाजपा अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेवा के मौजूदगी में भाजपा में शामिल भईल रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]