[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: सीएम केजरीवाल के ED नया समन जारी कइले बिया, दु फरवरी के पूछताछ खातीर बुलइले बिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ईडी दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के नया समन भेजले बा। केजरीवाल के पांचवीं बेर ईडी के ओर से पूछताछ खातीर बोलावल गईल बा। सूत्र के मुताबिक, दिल्ली आबकारी नीति मामिला में चलत जांच में 2 फरवरी के केजरीवाल के जांच में शामिल होखे खातीर ईडी एगो नया समन जारी कईले बिया।

3 महीने के अंदर केजरीवाल के पंचवा समन

*पहिला समन – 2 नवंबर,2023

*दूसरका समन – 21 दिसंबर,2023

*तीसरका समन – 3 जनवरी,2024

*चउथा समन – 18 जनवरी,2024

*पंचवा समन -2 फरवरी,2024

केजरीवाल विपश्यना केंद्र गईल रहले जब ईडी उनुका के भेजलस समन

ईडी अबले कई बेर केजरीवाल के समन भेजले बा। एकरा से पहिले भी जब ईडी पूछताछ खातीर बोलवले रहले तs केजरीवाल विपश्यना केंद्र गईल रहले। बता दीं कि विपश्यना ध्यान के एगो प्राचीन विधि हs, जवना के मतलब होला देखल आ लवटल। आत्म-निरीक्षण आ आत्‍म शुद्धि खातिर एह तरीका के सभसे नीक तकनीक मानल जाला। महात्मा बुद्ध के एह ध्यान विधि से गहिराह संबंध रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]