[the_ad_group id="30365"]

चोर दिल्ली मेट्रो के थमले रफ्तार, एह लाइन से ऑफिस जाए वाला ध्यान दीं

चोर दिल्ली मेट्रो के थमले रफ्तार
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs केबल चोरी के मामला सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs स्थित मोती नगर अवुरी कीर्ति नगर के बीच के केबल चोरी हो गईल बा अवुरी एकरा चलते इहाँ मेट्रो सेवा बाधित हो गईल बा। डीएमआरसी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कs के इs जानकारी देले बिया। 

बता दीं कि ब्लू लाइन दिल्ली के द्वारका के नोएडा आ गाजियाबाद के वेशाली से जोड़त बिया. डीएमआरसी ट्विटर पs पोस्ट कईलस कि मोती नगर अवुरी कीर्ति नगर के बीच केबल चोरी के घटना सोझा आईल बा अवुरी एकर समाधान रात में ही हो सकता जब मेट्रो के परिचालन के समय खतम हो जाई। 

एह दौरान प्रभावित इलाका में सभ मेट्रो ट्रेन सीमित गति से चली अवुरी एकरा चलते दिन भर लोग के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। अयीसना में डीएमआरसी लोग से कहलस कि उs लोग एकरा के ध्यान में राखत यात्रा के योजना बनाई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]