Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Shraddha Murder Case: श्रद्धा के शिकायत पत्र खोललस कइयन राज, आरोपी के परिजनन के मालूम रहे आफताब के इरादा

आफताब के हिंसक प्रवृत्ति से परेसान होके श्रद्धा साल 2020 में मुंबई के एगो पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करवले रहली। ई जानकारी आफताब के परिवार वालन के पहिले से रहे। श्रद्धा मुंबई पुलिस के कइल शिकायत में लिखले रहस कि आफताब उनकर हत्या कइल चाहत बा। 

389

श्रद्धा हत्याकांड ममिला में तेजी से जांच कइल जा रहल बा। एह बीच बुध के एगो आउर नया खुलासा भइल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, आरोपी आफताब पूनावाला के परिजनन के ई जानकारी पहिलही से रहे कि श्रद्धा के हत्या हो सकत बा। एकरा अलावे परिजनन के इहो पता रहे कि आफताब द्वारा श्रद्धा से मारपीट कइल जाला। बाकिर परिवार एह ममिला से खुद के अलग कs लेले रहे, जवना के बाद आरोपी श्रद्दा के हत्या कइले रहे।  

389160cookie-checkShraddha Murder Case: श्रद्धा के शिकायत पत्र खोललस कइयन राज, आरोपी के परिजनन के मालूम रहे आफताब के इरादा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.