बीच सड़क पs अंधाधुंध फायरिंग, 12 घंटा के अंदर 3 मर्डर

Minee Upadhyay
delhi-police
- Sponsored Ads-

राजधानी दिल्ली अब अपराध के राजधानी भी बन गईल बिया। दिल्ली में आम लोग से लेके विशेष लोग आपराधिक मामला के शिकार हो रहल बा। दिल्ली में पछिला 12 घंटा के भीतर बहुत बड़ आपराधिक घटना सोझा आईल बा। पहिला घटना केंद्रीय रक्षा राज्यमंत्री संजय सेठ से 50 लाख रुपया रंगदारी के मांग के बा। 

केंद्रीय मंत्री के फोन पs धमकी वाला मैसेज

- Sponsored Ads-

धमकी देवे वाला मंत्री के फोन पs मैसेज भेजले बा। केंद्रीय राज्यमंत्री एs मामला के शिकायत दिल्ली पुलिस अवुरी झारखंड के डीजीपी से कईले बाड़े। संजय सेठ झारखंड के सांसद हउवें. पुलिस एs मामला में जांच शुरू कs देले बिया।

केजरीवाल बढ़त अपराध पs अमित शाह के घेरले

दिल्ली के सीएम रहल अरविंद केजरीवाल एह बढ़त अपराध पs केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से चिंता जतवले बाड़न. केजरीवाल कहले कि दिल्ली के एs नक्शा से पता चलता कि अमित शाह जी अपना घर से 30 KM के त्रिज्या में भी सुरक्षा देवे में नाकाम रहल बाड़े। केजरीवाल गृहमंत्री से पूछले कि सुरक्षा खातीर लोग कहां जास?

इहो पढ़ीं: गोरखपुर: तीन गो बाइक में भइल भिड़ंत, 5 लोग के मउत से मचल हड़कंप

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।