[the_ad_group id="30365"]

बीच सड़क पs अंधाधुंध फायरिंग, 12 घंटा के अंदर 3 मर्डर

delhi-police
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी दिल्ली अब अपराध के राजधानी भी बन गईल बिया। दिल्ली में आम लोग से लेके विशेष लोग आपराधिक मामला के शिकार हो रहल बा। दिल्ली में पछिला 12 घंटा के भीतर बहुत बड़ आपराधिक घटना सोझा आईल बा। पहिला घटना केंद्रीय रक्षा राज्यमंत्री संजय सेठ से 50 लाख रुपया रंगदारी के मांग के बा। 

केंद्रीय मंत्री के फोन पs धमकी वाला मैसेज

धमकी देवे वाला मंत्री के फोन पs मैसेज भेजले बा। केंद्रीय राज्यमंत्री एs मामला के शिकायत दिल्ली पुलिस अवुरी झारखंड के डीजीपी से कईले बाड़े। संजय सेठ झारखंड के सांसद हउवें. पुलिस एs मामला में जांच शुरू कs देले बिया।

केजरीवाल बढ़त अपराध पs अमित शाह के घेरले

दिल्ली के सीएम रहल अरविंद केजरीवाल एह बढ़त अपराध पs केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से चिंता जतवले बाड़न. केजरीवाल कहले कि दिल्ली के एs नक्शा से पता चलता कि अमित शाह जी अपना घर से 30 KM के त्रिज्या में भी सुरक्षा देवे में नाकाम रहल बाड़े। केजरीवाल गृहमंत्री से पूछले कि सुरक्षा खातीर लोग कहां जास?

इहो पढ़ीं: गोरखपुर: तीन गो बाइक में भइल भिड़ंत, 5 लोग के मउत से मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]