[the_ad_group id="30365"]

दोस्ती के इ कइसन अंजाम! आरोपी सरप्राइज़ गिफ्ट देवे के वादा कs लइकी के उतरलस मउत के घाट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हालही में दिल्ली के तिलक नगर इलाका में एगो औरत के जरावल लाश मिलल जवना के बाद पूरा इलाका में हड़कंप मच गइल। जवना के बाद पुलिस जांच शुरू कs देलस। अब पुलिस ए घटना के खुलासा कs देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, तिलक नगर में स्विस महिला के मउत के मामिला में पुलिस एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जवना से पता चलल कि आरोपी omegle वेबसाइट के माध्यम से लईकी से मिलल रहले।

आरोपी के एगो लईका से जलन होत रहे

पुलिस के मुताबिक दुनो लोग के मुलाकात करीब 3-4 साल पहिले भईल रहे, जवन कि दोस्ती में बदल गईल अवुरी आरोपी लईकी से प्यार करे लागल। हालांकि लईकी के एगो अवुरी प्रेमी भी रहे, जवन कि आरोपी के पसंद ना करत रहे। आरोपी लईकी के मुलाकात के बहाने स्विट्जरलैंड से भारत बोलवले अवुरी ओकरा बाद लईकी के हाथ-गोड़ जंजीर से बांध के कहलस कि उनुका के सरप्राइज दिही। उ लईकी से कहले कि उ 10 मिनट में ओकरा के सरप्राइज दे दिहे अवुरी ओकरा बाद ओकर गला रेत के हत्या कs देलस।

सीसीटीवी फुटेज के माध्यम से पकड़ल गईल

पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी एगो अवुरी लईकी के आईडी पs सैंट्रो कार लेके गईल रहले, जवना में उ स्विट्जरलैंड के रहेवाली लईकी के लाश रखले रहले अवुरी ओकरा बाद तिलक नगर इलाका में फेंक देले रहले। पुलिस सीसीटीवी फुटेज के स्कैन कईलस, जवना में सेंट्रो कार के रजिस्ट्रेशन नंबर देखाई देता अवुरी ए आधार पs आरोपी के उनुका घर से पकड़ल गईल। आरोपी के लगे पुलिस करीब डेढ़ करोड़ रुपिया बरामद कईले बिया, जवना के उ कथित तौर पs संपत्ति बेच के हासिल कईले रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]