Corona Virus: दिल्ली में कोरोना के कहर; नया लहर में पहिला बेर एक दिन में तीन के मौत, अब तक 11 के गइल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 15, 2025

नई दिल्ली। देसभर में कोरोना के ममिलन में इजाफा देखे के मिल रहल बा। राजधानी दिल्ली में कोरोना के कहर जारी बा। नया लहर में दिल्ली में कोरोना वायरस से पहिला बेर एक दिन में

Share

नई दिल्ली। देसभर में कोरोना के ममिलन में इजाफा देखे के मिल रहल बा। राजधानी दिल्ली में कोरोना के कहर जारी बा। नया लहर में दिल्ली में कोरोना वायरस से पहिला बेर एक दिन में तीन लोग के मौत भइल बा। कोरोना से दिल्ली में अभी ले 11 लोगन के मौत हो चुकल बा।

दिल्ली में अब जवन तीन लोग के मौत भइल बा ओमे दुगो महिला आ एगो पुरुष सामिल बा। 57 बरिस के पुरुष के मधुमेह, फेफड़ा के समस्या रहे। ओहिजा, 83 साल के महिला के मधुमेह, उच्च रक्तचाप, फेफड़ा के समस्या रहे।

हालांकि, कोरोना के सक्रिय मरीजन में तीन दिन से गिरावट देखल गइल बा। सनिचर के सक्रिय मरीजन के संख्या घटके 672 रह गइल। कवनो नया ममिलो दर्ज ना कइल गइल। स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण विभाग के कोविड डैशबोर्ड के अनुसार, 24 घंटा में 212 मरीज कोरोना के मात देले बा। दिल्ली में एक जनवरी से अभी ले 1960 कोरोना के मरीज सामने आइल बा लोग, जेमे से 11 मरीजन के मौत हो गइल। देस में दिल्ली कोरोना के कुल ममिलन में दूसरका नंबर पs बा।

केतना खतरनाक बा नया कोरोना स्ट्रेन?

नया वैरिएंट्स आमतौर पs तेजी से फइलेला, बाकिर जरूरी नइखे कि उ पहिले जेतना घातक होखे। बुजुर्ग, गर्भवती महिला, छोटे लईका आ पहिले से बेमार व्यक्ति सबसे जादे जोखिम में रहेला। हल्का लक्षणन से सुरू होके गंभीर सांस के दिक्कत तक ममिला जा सकत बा।

कोरोना के सामान्य लक्षण

  • बुखार भा कंपकंपी
  • सूखी खांसी
  • गले में खराश
  • सिरदर्द आ बदन दर्द
  • थकान आ कमजोरी
  • सूंघे भा स्वाद के क्षमता कम होखल
  • सांस लेवे में दिक्कत


स्वास्थ्य विशेषज्ञ कहत बा लोग, संक्रमण के बढ़त ममिलन के लेके घबरइला भा चिंता कइला के आवश्यकता नइखे। हालांकि सर्दी जुकाम के संगे सांस लेवे में दिक्कत से पीड़ित होखे वाला मरीजन के डॉक्टर से मिलके जांच करावे के चाहीं। अधिकतर लोग घर पs रहके ठीक हो जा रहल बा, एहिसे संक्रमण के इस्थिति में जादे परेसान होखे भा अस्पताल भगला के जरूरत नइखे।

Read Also: बंगलूरू भगदड़ के बाद BCCI सख्त, सैकिया के अध्यक्षता में बनवलस समिति; विजयी यात्रा खातिर बनी नियम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.