[the_ad_group id="30365"]

15 घंटा बादो नाहीं बुझल चांदनी चौक के आग, करोड़न के सामान जरके राख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के चांदनी चौक में लागल आग अगिला दिने सबेरे ले ना बुझावल जा सकल। बियफ़ें के सांझ के करीब पांच बजे दमकल विभाग के फोन आईल, जवना में चांदनी चौक में आग लागे के बात कहल गईल। एकरा संगे शुक के सबेरे 8 बजे ले भवन से धुआं निकलत रहे। अयीसना में दमकलकर्मी पानी के छिड़काव कs के पूरा मलबा के ठंडा कs देले। आगजनी के एs घटना में 50 से जादा दोकान पूरा तरीका से तबाह हो गईल। अधिकारी के मुताबिक करोड़ों के घाटा भईल बा।

सौभाग्य के बात बा कि एs घटना में केहु के मउत ना भईल। डीएफएस प्रमुख अतुल गर्ग बतवले कि, “शाम 5 बजे चांदनी चौक इलाका से आग लागे के सूचना मिलल। नई रोड के मारवाड़ी कटरा में आग लाग गईल। शुरू में 14 फायर टेंडर मौका पs भेजल गईल, बाकिर जब आग अवुरी दोकान में फैल गईल। 26 अवुरी गाड़ियन के भेजल गइल.” उs बतवले कि उs खुद मौका पs जाके पूरा ऑपरेशन के निगरानी कईले। जवना मुख्य भवन में आग लागल रहे, उs गिर गईल बा। इलाका के संकरी गली दमकलकर्मी खातिर एगो अतिरिक्त चुनौती बन गइल, काहे कि ओह लोग के मुख्य स्थल से 200 से 300 मीटर दूर आपन गाड़ी खड़ा करे के पड़ल।  आग पर काबू पावे खातिर हाइड्रोलिक मशीन के भी इस्तेमाल कईल गईल।

अतिशी सिंह के बयान

दिल्ली के वित्त मंत्री अतिशी कहले कि, चांदनी चौक इलाका में आग लागे के एs घटना पs जिला प्रशासन से लगातार संपर्क में बानी। भगवान के कृपा बा कि एह घटना में कवनो जान नइखे गँवावल. दमकल विभाग जल्दिए आग पs पूरा तरीका से काबू पा ली। गर्मी के एह तपत मौसम में रउरा सभे से निहोरा बा कि अपना आसपास शॉर्ट सर्किट के कवनो संभावना मत होखे दीं, सावधानी बरतीं आ सुरक्षित रहीं.” भाजपा प्रवक्ता बतवले कि आग मारवाड़ी कटरा मार्केट से शुरू होके अनिल मार्केट में फइलल। एगो अधिकारी बतवले कि आग अवुरी पानी के दबाव के चलते बाजार के पीछे स्थित एगो भवन गिर गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]