Delhi Budget 2024: महिला लो के हर महीना 1000 रुपिया देई केजरीवाल सरकार, जानीं अउर घोषना

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2024

केंद्र शासित प्रदेश दिल्ली के आम आदमी पार्टी सरकार साल 2024 के बजट सोमार का दिने पेश कइले बिया। वित्त मंत्री अतिशी राज्य विधानसभा में अपना पहिला बजट भाषण में कहले कि आम आदमी पार्टी

Share

केंद्र शासित प्रदेश दिल्ली के आम आदमी पार्टी सरकार साल 2024 के बजट सोमार का दिने पेश कइले बिया। वित्त मंत्री अतिशी राज्य विधानसभा में अपना पहिला बजट भाषण में कहले कि आम आदमी पार्टी सरकार राम राज्य के सपना पूरा करे के कोशिश करतिया। उ कहले कि केजरीवाल सरकार राम राज्य के अवधारणा के आधार प काम करेले। अबकी बेर केजरीवाल सरकार 76 हजार करोड़ के बजट पेश कइले बिया। जवन कि पछिला साल के मुक़ाबले करीब 2 हजार करोड़ रुपिया कम बा। बता दी कि बजट में कवन कवन बड़हन घोषणा भइल बा।

16 हजार करोड़ से जादा शिक्षा खातीर

दिल्ली सरकार के वित्त मंत्री अतिशी कहले कि सरकार शिक्षा खाती 16 हजार 396 करोड़ रुपया के बजट रखले बिया। वित्त मंत्री कहले बाड़न कि केजरीवाल सरकार पिछला 9 साल में 22 हजार 711 कक्षा बनवले बिया। दिल्ली में स्कूल ऑफ एक्सीलेंस के संख्या 38 बा। उs कहले कि दिल्ली सरकारी स्कूल में पढ़े वाला 2121 बच्चा 2023-2024 में जेईई अवुरी नीट परीक्षा में क्वालीफाई कईले बाड़े। पिछला 3 साल में 4 लाख से अधिका बच्चा प्राइवेट स्कूल छोड़ के दिल्ली सरकारी स्कूल में दाखिला लेले बाड़े।

मुख्यमंत्री महिला सम्मान योजना के घोषना

केजरीवाल सरकार मुख्यमंत्री महिला सम्मान योजना के एलान कइले बिया। एह योजना के तहत दिल्ली में 18 साल से ऊपर के उमर के सभ महिला के हर महीना 1000 रुपिया दिहल जाई। वित्त मंत्री कहले कि दिल्ली के आबादी देश के कुल आबादी के मात्र 1.55% बा। तबो सकल घरेलू उत्पाद में एकर योगदान दुगुना से अधिका बा। जीडीपी में लगातार दाम पs दिल्ली के योगदान 2023-24 में 3.89% होखे वाला बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.