[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली : 16 साल के नाबालिग लइकी के बेरहमी से हत्या, शख्स बीच सड़क पे चाकू से गोदलस आ कपार पत्थर से कुच देलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली में एगो 16 साल के लईकी के बीच सड़क पे चाकू से गोली मार के हत्या क दिहल गईल बा। मामला दिल्ली के शाहबाद डेरी इलाका से जुड़ल बा। एह हमला में लइकी के मउत हो गइल बा।

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में एगो दिल दहला देवे वाला घटना घटल बा। इहाँ एगो 16 साल के लईकी के बीच सड़क पे चाकू मार के हत्या क दिहल गईल बा। मामला दिल्ली के शाहबाद डेरी इलाका से जुड़ल बा। एह हमला में लइकी के मउत हो गइल बा। लईकी के पहचान साक्षी के रूप में भईल बा अवुरी घटना के सीसीटीवी में कैद क लिहल गईल बा। ए घटना में हमला करेवाला आदमी लईकी के दोस्त साहिल ह। आरोपी साहिल फ्रिज आ एसी मरम्मत के काम करेला। साहिल के पिता के नाम सरफराज ह।

पूरा बात का बा

पुलिस के मुताबिक साहिल अवुरी साक्षी दोस्ती रहे, लेकिन काल्ह कवनो मुद्दा पे दुनो लोग के बीच झगड़ा भईल। जब साक्षी जन्मदिन के पार्टी में जात रहली त साहिल रास्ता में साक्षी के रोक के कई बेर चाकू से हमला क देले। एकरा बाद साहिल साक्षी पे पत्थर से हमला कईले। घटना के अंजाम देला के बाद आरोपी साहिल फरार हो गईले अवुरी ओकरा के तलाश में संभावित जगह पे छापामारी कईल जाता।

दिल्ली पुलिस का कहलस?

ए मामला में दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी के पहचान हो गईल बा अवुरी ओकरा के जल्दिए गिरफ्तार क लिहल जाई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]