[the_ad_group id="30365"]

Delhi Airport: एयरपोर्ट हादसा के बाद फ्लाइट्स कैंसिल, मृतक के परिजन के दिहल जाई 20 लाख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली में भईल भारी बरखा के बीच शुक (28 जून) के सबेरे इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs एगो बड़ दुर्घटना भईल। हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 के छत के एगो हिस्सा उहाँ खड़ा गाड़ी पs गिर गईल, जवना के चलते एक आदमी के मौत हो गईल, जबकि चार लोग घाही हो गईले। केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री राममोहन नायडू किंजारापु मरेवाला अवुरी घाही के मुआवजा देवे के एलान कईले। अइसना में एह दुर्घटना से जुड़ल ताजा अपडेट जानी.

*किंजारापु हवाई अड्डा टर्मिनल पs भइल दुर्घटना का बाद सिविल उड्डयन मंत्री राममोहन नायडू मौका पs चहुँप गइलन. एह हादसा में जान गँवावे वाला आ घायल लोग के मुआवजा देबे के एलान कइले बाड़न. मंत्री कहले कि टर्मिनल के छत के नीचे फंसल जान गंवावे वाला के मुआवजा के रूप में 20 लाख अवुरी घाही के तीन लाख रुपया दिहल जाई।

*राम मोहन नायडू बतवले कि भारी बरखा के चलते एयरपोर्ट के बहरी स्थित छत के एगो हिस्सा गिर गईल। एह हादसा में मरेवाला लोग के प्रति संवेदना जतावत बानी। एह हादसा में चार लोग घवाहिल हो गइल बाड़े. फिलहाल उनुकर देखभाल कईल जाता। दुर्घटना के जानकारी मिलते हमनी के तुरंत इमरजेंसी टीम, फायर सेफ्टी टीम, सीआईएसएफ अवुरी एनडीआरएफ के टीम भेज देनी।

*केंद्रीय मंत्री कहले कि मौका पs जरुरी हरेक टीम मौजूद रहल बा अवुरी उs लोग पूरा तरीका से निरीक्षण कs के इs सुनिश्चित कईले कि अवुरी कवनो नुकसान ना होखे। फिलहाल स्थिति काबू में बा। बाकी टर्मिनल भवन के बंद कs दिहल बा अवुरी सबकुछ के पूरा जांच कईल जाता, ताकि इहाँ अवुरी कवनो अप्रिय घटना ना होखे। एह हादसा पs सरकार के भी कोना में डालल जा रहल बा।

*भारत सरकार के सूत्र बतवले कि दिल्ली हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 पs छत गिर गईल। एकर निर्माण 2008-09 के दौरान भइल। जीएमआर एs काम के ठेका निजी ठेकेदार के देले रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]