दिल्ली में सांस लेवे पर संकट: प्रदूषण के टूटल सभ रिकॉर्ड, AQI 700 के पार पहुंचल।

By Shweta Supriya

Published on: Nov 6, 2026

डिजिटल डेस्क, नई दिल्ली। देश के राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में प्रदूषण के कहर चरम पर पहुंच गइल बा। हवा के गुणवत्ता लगातार खराब होत जा रहल बा। बियफे के दिने वायु गुणवत्ता सूचकांक (AQI) 687

Share

डिजिटल डेस्क, नई दिल्ली। देश के राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में प्रदूषण के कहर चरम पर पहुंच गइल बा। हवा के गुणवत्ता लगातार खराब होत जा रहल बा।

बियफे के दिने वायु गुणवत्ता सूचकांक (AQI) 687 दर्ज कइल गइल, जवना के बेहद खराब श्रेणी में मानल जाला।

हवा के गुणवत्ता में नइखे लउकत कवनो सुधार

तमाम कोशिशन के बावजूद दिल्ली के हवा के गुणवत्ता में कवनो तरह के सुधार नइखे लउकत। मानल जा रहल बा कि दीपावली तक राजधानी के हवा के हालत अइसने रही।

एकरा पहिले बियफे के दिने भी दिल्ली में हवा के गुणवत्ता बेहद खराब रहे। बियफे के वायु गुणवत्ता सूचकांक करीब 482 दर्ज कइल गइल रहे। दिल्ली के कई इलाका में प्रदूषण के स्तर काफी बढ़ल रहे।

निर्माण के काम पर लगल रोक

एह सब स्थिति के देखत दिल्ली में 5 नवंबर से 20 नवंबर तक निर्माण आ तोड़फोड़ के काम पर रोक लगा दिहल गइल बा, ताकि वातावरण जहरीला ना होखे।

संभव बा कि एह फैसला से आवे वाला दिन में दिल्ली के विकास कार्य पर असर पड़ी। बाकिर, मौजूदा समय में राजधानी के हवा के गुणवत्ता के जइसन हालत बनल बा, ओकरा देखत एह तरह के रोक जरूरी हो गइल बा।

READ MORE: बेंगलुरु में खून के खेल, कैब ड्राइवर अपना मेहरारू आ बेटा समेत ससुराल के 7 लोगन के कइलस हत्या।

https://khabarbhojpuri.com/bengaluru-cab-driver-kills-wife-son-and-5-in-laws-in-family-murder-case/

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.