[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: आनंद विहार में एगो झोपड़ी में लागल भीषण आग

प्रतीकात्मक फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के आनंद विहार में एगो बड़ घटना घटल बा।  इहाँ एगो झोपड़ी में आग लगला से तीन आदमी के मौत हो गईल बा।  तीनों के जिंदा जर गईल बा अवुरी शव भी बरामद हो चुकल बा। शव के हालत बहुत खराब बा काहे कि उs पूरा तरह से जरल बा।  मरेवाला लोग के पहचान भी हो चुकल बा। 

मरे वाला के हs?

एसटीओ फिरोज बतवले कि एगो झोपड़ी में आग लागल बा, जवना में 3 आदमी के मउत हो गईल अवुरी उनुकर शव बरामद हो चुकल बा।  शव के पहचान जग्गी कुमार (उम्र 34), श्याम सिंह (उम्र 36) अवुरी जितेंद्र कुमार (उमर 35) के रूप में भईल बा।  तीनों यूपी के औरैया जिला के निवासी रहले।  मौका पs आनंद विहार थाना से एसएचओ मनीष अवुरी आईओ एसआई सोकेन्दर आगे के जांच खातीर मौका पs मौजूद बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]