[the_ad_group id="30365"]

रक्षा मंत्रालय 76,390 करोड़ रुपिया के सैन्य उपकरणन के खरीद के मिलल मंजूरी, भारतीय सेना होई आउर मजबूत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षा मंत्रालय (Ministry of Defence) ने सोमार के एगो महत्वपूर्ण डेग उठावत घरेलू उद्योगन से 76,390 करोड़ रुपिया के सैन्य उपकरण आ आउर साजोसमान खरीदे के मंजूरी दे देलस। मंत्रालय एगो बयान में कहलस कि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह (Defence minister Rajnath singh) के अध्यक्षता वाला रक्षा खरीद परिषद (DAC) एह प्रस्तावन के मंजूरी देलस। मंत्रालय कहलस कि भारतीय नौसेना खातिर, डीएसी लगभग 36,000 करोड़ रुपिया के अनुमानित लागत से अगला पीढ़ी के कोरवेट (NGC) ke खरीद के मंजूरी देलस। कोरवेट एगो प्रकार के छोट पोत होला।

Su-30 MKI एयरो-इंजन के निर्माण के मिलल मंजूरी

मंत्रालय के अनुसार ई एनजीसी निगरानी आ हमला सहित अलग अलग भूमिका खातिर उपयोगी होई। बयान में कहल गइल बा कि एनजीसी के निर्माण भारतीय नौसेना (Indian Navy) के नाया इन-हाउस डिजाइन के आधार पs कइल जाई आ एकरा खातिर पोत निर्माण के नवीनतम तकनीक के इस्तेमाल कइल जाई। स्वदेशीकरण के बढ़ावा देवे के मकसद के साथे डीएसी हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड द्वारा डोर्नियर विमान आ Su-30 MKI एयरो-इंजन के निर्माण के प्रस्तावो के मंजूरी दे देलस।

थल सेना के अब मिली मजबूती

डीएसी भारतीय थल सेना खातिर, दुर्गम क्षेत्रन के अनुकूल ट्रक (RTFLT), विशेष टैंक (BLT) आदि के साथे टैंक रोधी निर्देशित मिसाइल (एटीजीएम) आ हथियार के पता लगावे वाला रडार के साथे बख्तरबंद लड़ाकू वाहन आ आउर हथियारन के घरेलू स्रोतन से खरीद खातिर नाया मंजूरी देले बा।

रक्षा में भइल डिजिटल परिवर्तन

रक्षा में डिजिटल परिवर्तन खातिर सरकार डीएसी द्वारा डिजिटल तटरक्षक परियोजना के मंजूरी देलस। एह परियोजना के तहत, तटरक्षक बल में अलग अलग सतह आ विमान संचालन, लॉजिस्टिकस, वित्त आ मानव संसाधन प्रक्रियन के डिजिटलीकरण खातिर एगो अखिल भारतीय सुरक्षित नेटवर्क के स्थापित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]