[the_ad_group id="30365"]

माई बनले के 9 दिन बाद घरे पहुंचली दीपिका पादुकोण, अस्पताल से मिलल छुट्टी

दीपिका पादुकोण रणवीर सिंह : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अभिनेत्री दीपिका पादुकोण के अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गइल बा. हाल ही में उs एगो लईकी के जन्म देली। जानकारी के मुताबिक अस्पताल के औपचारिकता पूरा कईला के बाद उनुका के छुट्टी दे दिहल गईल। मुंबई के गिरगांव इलाका में अतवार के दिने एच.एन. रिलायंस फाउंडेशन अस्पताल आ रिसर्च सेंटर के परिसर से बाहर निकलत अभिनेत्री के वीडियो इंटरनेट पs वायरल हो गइल. मीडिया कैमरा से परहेज करत ई स्टार जोड़ी अस्पताल के पिछला गेट से बाहर निकलल. हालांकि वीडियो में नवजात के झलक तब देखाई देलस जब दीपिका अवुरी उनुकर पति रणवीर अपना मर्सिडीज-मेबैक कार से अस्पताल के गेट से निकलत रहले।

शाहरुख खान दीपिका से मिले खातिर अस्पताल पहुंचल रहले

एकरा से पहिले अस्पताल में रहला के दौरान बॉलीवुड के आइकन अवुरी उनुकर करीबी दोस्त शाहरुख खान उनुका से मिले गईल रहले। गणेश उत्सव के पहिला दिन 8 सितंबर के दीपिका अवुरी रणवीर सिंह एगो लइकी के माता-पिता बन गईले। शुक के दिने अपना बेटी के जनम से पहिले अभिनेत्री, उनुकर पति आ उनुकर परिवार मुंबई के सिद्धिविनायक मंदिर के दौरा कइले रहले. फरवरी 2024 में इंस्टाग्राम पs एगो पोस्ट के माध्यम से दुनो लोग अपना प्रेग्नेंसी के घोषणा कईले रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]