[the_ad_group id="30365"]

दीपिका पादुकोण के इs गाना रचलस इतिहास, एकेडमी अवॉर्ड्स शेयर कइलस स्पेशल वीडियो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड से लेके हॉलीवुड ले दीपिका पादुकोण आपन दमदार अभिनय से लोग के दिल में एगो खास जगह बना लेले बाड़ी। साल 2007 में फिल्म ‘ओम शांति ओम’ से बॉलीवुड में डेब्यू करे वाली भारतीय अभिनेत्री दीपिका पादुकोण आजुकाल्हु अपना प्रेग्नेंसी के लेके खबर में बाड़ी। ओने अकादमी अवार्ड से अभिनेत्री दीपिका के सरप्राइज मिलल बा। रणवीर सिंह अवुरी प्रियंका चोपड़ा अभिनीत फिल्म ‘बाजीराव मस्तानी’ के गाना दीवानी मस्तानी के म्यूजिक वीडियो शेयर कs के उs फिल्म के बारे में कुछ विवरण साझा कईले बाड़ी, जवना के बाद एs अभिनेत्री के प्रशंसक के प्रतिक्रिया सोशल मीडिया पs देखाई देता।

दीपिका पादुकोण के गीत इतिहास रचल

रणवीर सिंह, दीपिका पादुकोण आ प्रियंका चोपड़ा के सुपरहिट फिल्म ‘बाजीराव मस्तानी’ साल 2024 में 9 साल पूरा होखे वाली बिया। एही बीच दs एकेडमी के आधिकारिक इंस्टाग्राम हैंडल अपना पेज पs फिल्म के सबसे लोकप्रिय गाना दीवानी मस्तानी के वीडियो शेयर कईले बिया, जवना में दीपिका पादुकोण के डांस देखाई देता। संजय लीला भंसाली के फिल्म ‘बाजीराव मस्तानी’ के गीत नजर जो तेरी लागी मैं दीवानी हो गई… 9 साल पूरा होखे से पहिले एगो नया इतिहास रचले बा।

दीपिका पादुकोण के वर्कफ्रंट

पिछला साल दीपिका पादुकोण 95वां अकादमी पुरस्कार में ‘आरआरआर’ के ऑस्कर विजेता गाना ‘नाटू नाटू’ के प्रस्तुति दिहले रहली। दीपिका पादुकोण के वर्क फ्रंट के बात करत हालही में उनुका के पहिला बेर फिल्म ‘फाइटर’ में ऋतिक रोशन के साथे परदा साझा करत देखल गइल। दीपिका पादुकोण ‘77वां बाफ्टा अवार्ड्स’ में डेविड बेकहम, दुआ लीपा आ केट ब्लैंचेट के साथे मंच साझा करत लउकीहें।

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]